[the_ad_group id="30365"]

आंध्र प्रदेश: तिरुपति में कइसे मचल भगदड़? 6 गो श्रद्धालुअन के गईल जान

आंध्र प्रदेश के तिरुपति में भईल भगदड़
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आंध्र प्रदेश के तिरुपति में भईल भगदड़ में 6 श्रद्धालु के जान चल गईल जबकि 40 लोग घायल हो गईले। जब भगदड़ मचल तs तिरुपति के विष्णु निवासम के लगे करीब चार हजार लोग के भीड़ टोकन खातीर जुटल रहे। टोकन वितरण के दौरान दुर्घटना भईल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी आंध्र प्रदेश के सीएम चंद्रबाबू नायडू एs घटना पs दुख जतवले बाड़े।

टिकट लेबे खातिर भारी भीड़ जमा भइल रहे

जानकारी के मुताबिक तिरुमाला के भगवान वेंकटेश्वर स्वामी मंदिर में भगदड़ में 6 श्रद्धालु के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घायल हो गईले। भगदड़ तब भइल जब सैकड़न लोग वैकुण्ठ द्वार दर्शनम के टिकट खातिर धक्का-मुक्की करत रहुवे. 10 जनवरी से शुरू होखे वाला 10 दिन के वैकुण्ठ द्वार दर्शन में देश भर से सैकड़ों भक्त इहाँ आईल बाड़े। पुलिस कुछ महिला भक्त के सीपीआर देके घायल लोग के एम्बुलेंस में ले गइले .

पीएम मोदी अवुरी सीएम नायडू एs हादसा पs दुख जतवले


तिरुपति में भगदड़ के घटना में 4 श्रद्धालु के मौत पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू गहरा दुख जतवले बाड़े। उs अधिकारी से घटना के जाँच कs के घायल लोग के बेहतर इलाज करावे के कहले बाड़े। बियफ़ें के उs तिरुपति पहुंचिहे अवुरी पीड़ित लोग से भेंट करीहे। बता दीं कि ई हादसा तब भइल जब बैरागी पट्टडा पार्क में भक्तन के कतार में खड़ा होखे दिहल गइल. बता दी कि वैकुण्ठ द्वार दर्शन 10 दिन से खुलल बा। टोकन खातिर हजारों लोग इहाँ जुटे लगले।

तिरुपति में भगदड़ में भक्तन के मौत पs राज्य के सीएम रहल आ वाईएसआरसीपी के अध्यक्ष वाईएस जगन मोहन रेड्डी भी गहरा दुख जतवले बाड़न। उ घायल श्रद्धालु के जल्दी ठीक होखे के कामना कईले। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बढ़े लागल बा पेट के चर्बी, तs दु महीना ले रोज घरवे में करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]