[the_ad_group id="30365"]

तिरुपति: गोविंदराजा स्वामी मंदिर के बगल के इमारत में लगल भीषण आग, श्रद्धालुअन में दहशत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

तिरुपति : तिरुपति के गोविन्दराज स्वामी मंदिर से सटल एगो भवन में भारी आग लागे के खबर बा। चार मंजिला इमारत में आग लागल बा अवुरी आग के लपट तेजी से ऊपर उठता। लावण्या फ्रेम्स एह बिल्डिंग में एगो मशहूर फोटो फ्रेम के दुकान बा। बतावल जा रहल बा कि आग एही दोकान से शुरू भइल बा। एह दोकान में भगवान के हजारों तस्वीर बा। फायर टेंडर आग पs काबू पावे के कोशिश में लागल बाड़े। फिलहाल आग पs काबू नईखे भईल।

आग लगला के बाद आसपास के सड़क पs यातायात ठप्प हो गईल

दूसर ओर एह भवन के बगल में गोविन्दराज स्वामी के मंदिर रथ बा। आग के लपट रथ के पकड़ रहल बा। आग लगला के बाद आसपास के सड़क पs यातायात ठप्प हो गईल। आग पs काबू पावे खातिर दमकलकर्मी अथक प्रयास कर रहल बाड़े। लेकिन अभी ले आग काबू में नईखे आईल। आग के एह घटना के चलते भक्तन में दहशत मचल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]