3 Idoits फिलिम के ‘Rancho’s स्कूल’ के मिलल CBSE से मान्यता, लद्दाख के छात्रन के पहिला परीक्षा के इंतजार

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 28, 2025

लद्दाख के ठंडा रेगिस्तानी इलाका में स्थित ड्रुक पद्मा कार्पो स्कूल, जवन 3 इडियट्स फिल्म में “रांचो स्कूल” के नाम से मशहूर भईल रहे, अब सीबीएसई से मान्यता मिल गईल बा। ई स्कूल 20 साल

Share

लद्दाख के ठंडा रेगिस्तानी इलाका में स्थित ड्रुक पद्मा कार्पो स्कूल, जवन 3 इडियट्स फिल्म में “रांचो स्कूल” के नाम से मशहूर भईल रहे, अब सीबीएसई से मान्यता मिल गईल बा। ई स्कूल 20 साल से अधिका पहिले स्थापित भइल रहे, बाकिर सीबीएसई से मान्यता पावे के लमहर प्रक्रिया के चलते ई स्कूल पहिले जम्मू-कश्मीर बोर्ड ऑफ स्कूल एजुकेशन (जेकेबीओएसई) से जुड़ल रहे। 

स्कूल के प्रिंसिपल मिंगुर एंगमो बतवले कि कई साल के संघर्ष के बाद आखिरकार सीबीएसई से मान्यता मिल गईल बा। उs कहले कि, “अच्छा बुनियादी ढांचा अवुरी बेहतरीन शैक्षणिक रिकॉर्ड के बावजूद हमनी के जेकेबीओएसई से जरूरी नो ऑब्जेक्शन सर्टिफिकेट (एनओसी) ना ले पवनी। बाकिर अब हमनी के खुशी बा कि हमनी के सीबीएसई से मंजूरी मिल गईल बा।”

स्कूल के स्थापना 24 साल पहिले भईल रहे

ड्रुक पद्मा कार्पो स्कूल के स्थापना 24 साल पहिले भइल रहे, आ एकर नाँव प्रसिद्ध विद्वान मिफाम पेमा कार्पो के नाँव पs रखल गइल बा। एह स्कूल में 3 इडियट्स सिनेमा में एगो मशहूर सीन रहे, जवना में एगो किरदार “चतुर” दीवार पs पेशाब करे के कोशिश करत झटका लाग जाला। एह घटना के बाद स्कूल 2018 में ओह देवाल के तनिका शिफ्ट कs दिहलस, ताकि छात्र के अवुरी शांति मिल सके अवुरी बिना कवनो रुकावट के पढ़ाई पs ध्यान दे सके। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.