Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Baba Dhirendra Shastri: बागेश्वर धाम के धीरेंद्र शास्त्री के जान से मारे के धमकी, पुलिस दर्ज कइलस केस

पंडित धीरेंद्र शास्त्री के जान से मारे के धमकी मिलल बा। अज्ञात शख्स फोन कॉल कs के धीरेंद्र शास्त्री के धमकी देलस। छतरपुर के बमीठा थाना में केस दर्ज कs लिहल गइल बा। ममिला के जांच कइल जा रहल बा। 

330

बागेश्वर धाम के पीठाधीश्वर पंडित धीरेंद्र शास्त्री के जान से मारे के धमकी मिलल बा। बतावल जा रहल बा कि एगो फोन कॉल में धीरेंद्र शास्त्री के धमकी मिलल बा। पुलिस एह संबंध में केस दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बिया। बागेश्वर धाम के पीठाधीश्वर ए घरी छत्तीसगढ़ के रायपुर में बाड़ें।

बमीठा थाना में केस दर्ज

जानकारी के मोताबिक, धीरेंद्र शास्त्री के एगो अज्ञात फोन कॉल कs के धमकी दिहल गइल बा। छतरपुर के बमीठा थाना में धीरेंद्र शास्त्री के छोट भाई लोकेश गर्ग के ओर से अज्ञात व्यक्ति के खिलाफ ममिला दर्ज करावल गइल बा। पुलिस एह ममिला के जांच कs रहल बिया। धीरेंद्र के अभी रायपुर में दिव्य दरबार चल रहल बा।

आरोपी के तलाश कर रहल बिया पुलिस

छतरपुर के एसपी सचिन शर्मा केस दर्ज कइल गइला के पुष्टि कइलें बाड़ें। ऊ बतवलें कि आरोपी के नाम अमर सिंह हs। थाना बमीठा में धारा 506, 507 के अंतर्गत अमर सिंह के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइल गइल बा। पुलिस आरोपी के तलाश कर रहल बिया।

श्याम मानव के मिलल रहे धमकी

एकरा पहिले, धीरेंद्र शास्त्री के चुनौती देवे वाला अंधश्रद्धा निर्मूलन समिति के श्याम मानव के जान से मारे के धमकी मिल चुकल बा। धमकी मिलला के बाद उनका सुरक्षा के आउर बढ़ा दिहल गइल बा। श्याम मानव धीरेंद्र शास्त्री पs अंधविश्वास के बढ़ावा देवे के आरोप लगवले रहले।

नागपुर में देले रहस धीरेंद्र शास्त्री के चुनौती

श्याम मानव धीरेंद्र शास्त्री के नागपुर में दिव्य दरबार लगावे के चुनौती देले रहस। श्याम के कहनाम रहे कि जदि धीरेंद्र शास्त्री उनका बीच दिव्य दरबार लगावत बाड़े आ चमत्कार कs के देखावत बाड़े तs ऊ उनका के 30 लाख रुपिया दिहें। आरोप बा कि धीरेंद्र शास्त्री दरबार अधूरा छोड़के भाग गइल रहस।

444230cookie-checkBaba Dhirendra Shastri: बागेश्वर धाम के धीरेंद्र शास्त्री के जान से मारे के धमकी, पुलिस दर्ज कइलस केस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.