‘बांग्लादेश के तरे शासन बदले के कोशिश, ई लोग खाली अराजकता फैलावल चाहत बाड़े’, विपक्ष प राजनाथ सिंह के हमला

By Shweta Supriya

Published on: अभी-अभी

डिजिटल डेस्क, नई दिल्ली/लखनऊ। रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह एह घरी लखनऊ के तीन दिन के दौरा प बाड़ें। शुक के दिने लखनऊ दौरा के उनकर दूसरा दिन हवे। एह दौरान ऊ प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलें, जवना

Share

डिजिटल डेस्क, नई दिल्ली/लखनऊ। रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह एह घरी लखनऊ के तीन दिन के दौरा प बाड़ें। शुक के दिने लखनऊ दौरा के उनकर दूसरा दिन हवे। एह दौरान ऊ प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलें, जवना में कांग्रेस पर जमके निशाना साधलें।

ऊ कहलें कि राहुल गांधी के लगे वोट चोरी के कवनो सबूत नइखे। वोट चोरी के मुद्दा पर कांग्रेस के आरोप बेबुनियाद बा। ऊ कहलें कि कांग्रेस बांग्लादेश के तर्ज प सरकार बदले के कोशिश करत हवे। ई लोग खाली अराजकता फैलावल चाहत हवे।

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह कहलें, “दिल्ली में पिछला कुछ दिन में जवन घटनाक्रम भइल बा, ऊ कई गो गंभीर सवाल खड़ा करत बा। अइसन लागत बा कि कांग्रेस आ ओकर राजनीतिक सहयोगी प्रत्यक्ष रूप से आ अपना समर्थक संगठनन के माध्यम से नौजवानन के ऊर्जा के रचनात्मक काम आ राष्ट्र निर्माण के दिशा में लगावे के बजाय राजनीतिक टकराव आ अराजकता फैलावे के कोशिश करत बाड़ें। देश के नौजवानन के अराजकता के राजनीति के मोहरा बनावे के कोशिश हो रहल बा।”

“ई लोग बांग्लादेश के तर्ज प शासन बदले के चाहत बाड़ें आ एगो प्रेस वार्ता में खुल के कहत बाड़ें कि शासन बदले के प्रेरणा ऊ बांग्लादेश से लिहले बाड़ें। त दोसरा ओर एगो अउरी नेता डंके के चोट पर सरकार गिरावे के बात करत बा। एहसे साफ हो जाता कि एह लोग के एगो मात्र एजेंडा लोकतांत्रिक संस्थानन के ध्वस्त कइल आ देश में आग लगावल बा। शासन बदले जइसन शब्दन के इस्तेमाल कइल जा रहल बा। एहसे पता चलता कि इनकर लड़ाई चुनाव सुधार, SIR, ज्ञानेश कुमार आ देश के नौजवानन के उज्ज्वल भविष्य खातिर नइखे। इनकर लड़ाई देश में अराजकता पैदा करके सत्ता हासिल करे के साजिश ह।”

रक्षा मंत्री के आज के कार्यक्रम

आज राजनाथ सिंह कालिदास मार्ग पर स्थित अपना आवास पर अलग-अलग सामाजिक संगठनन के प्रतिनिधियन से मुलाकात करिहें। ऊ अलग-अलग इलाकन में जा के शोकाकुल परिवारन से मिलीहें आ दिवंगत लोग के श्रद्धांजलि अर्पित करीहें।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.