एअर इंडिया रियाद, दम्माम आ जेद्दा के उड़ान 20 अक्टूबर तक कइलस रद्द; सऊदी अरब के बदलत हालात के देखत कइलस घोषणा

By Shweta Supriya

Published on: अभी-अभी

नई दिल्ली। सऊदी अरब में तेजी से बदलत सुरक्षा हालात के देखत एअर इंडिया एगो बड़ फैसला लिहले बिया। एयरलाइन रियाद, दम्माम आ जेद्दा से आवे-जाए वाली अपना सभ उड़ान के 20 अक्टूबर तक अस्थायी

Share

नई दिल्ली। सऊदी अरब में तेजी से बदलत सुरक्षा हालात के देखत एअर इंडिया एगो बड़ फैसला लिहले बिया। एयरलाइन रियाद, दम्माम आ जेद्दा से आवे-जाए वाली अपना सभ उड़ान के 20 अक्टूबर तक अस्थायी रूप से रद्द कर देले बिया।

एअर इंडिया काहे बंद कइलस उड़ान?

एअर इंडिया प्रबंधन के मुताबिक, एह फैसला के मुख्य मकसद यात्री आ फ्लाइट के क्रू मेंबरन के सुरक्षा सुनिश्चित कइल बा। कंपनी साफ कइले बिया कि यात्री आ कर्मचारी लोग के सुरक्षा हमेशा ओकरा खातिर सबसे बड़ प्राथमिकता बा।

एयरलाइन के टीम हालात पर लगातार आ बारीकी से नजर रखले बिया। उड़ान सेवा के सुरक्षित तरीका से दोबारा शुरू करे खातिर सुरक्षा आ परिस्थिति के हर दिन आकलन कइल जा रहल बा।

यात्रियन खातिर रिफंड के सुविधा

उड़ान रद्द होखे से प्रभावित यात्रियन के सुविधा के ध्यान में रखत एअर इंडिया पूरा रिफंड देवे के घोषणा कइले बिया। जिन यात्रियन के टिकट एह अवधि के दौरान रद्द भइल बा, ऊ लोग बिना कवनो अतिरिक्त शुल्क दिहले आपन पूरा पैसा वापस पा सकेला।


बतावत चलीं कि पश्चिम एशिया में जारी अनिश्चितता के बीच सफर करे वाला लोगन के सलाह दिहल जाता कि ऊ लोग हवाई अड्डा खातिर निकले से पहिले अपना उड़ान के स्थिति जरूर जाँच लीं।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.