Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

असम में बाढ़ से हजारन लोग परेशान, हजारन एकड़ फसल भइल बर्बाद, मृतकन के आंकड़ों बढ़ल

139

 

गुवाहाटी : हर साल के तरह अबकी बेर असम में भी बाढ़ आ गईल बा। अबकी बेर प्रशासन बाढ़ रोके खातिर बेहतर उपाय के दावा कईले रहे, लेकिन उ दावा सिर्फ दावा रह गईल। बाढ़ के पानी से तबाही मच गईल। हालांकि अब हालात में सुधार होखता। असम सरकार के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक राज्य में अबे ले 19 हजार से जादे लोग बाढ़ से प्रभावित बाड़े। सैकड़न गाँव पानी में डूबल बा।

प्रभावित इलाका के संख्या में कमी आईल

असम राज्य आपदा प्रबंधन प्राधिकरण (एएसडीएमए) के ओर से शनिवार से जारी बाढ़ रिपोर्ट के मुताबिक अब राज्य के कवनो नदी खतरा के निशान से ऊपर नईखे बहत। एकरा संगे प्रभावित इलाका के संख्या में भी कमी आईल बा, लेकिन राज्य के 7 जिला के 158 गांव अबे ले बहुत प्रभावित बा। लखमीपुर जिला में बाढ़ के सबसे खराब आपदा के सामना करे के पड़ता। अबे ले इहाँ के बाढ़ के चलते 11 हजार लोग परेशान बाड़े।

30 हजार से अधिका पालतू जानवर भी प्रभावित बाड़े

एकरा संगे 30 हजार से जादे पालतू जानवर भी बाढ़ के चलते प्रभावित भईल बाड़े। एकरा संगे राज्य में 6 राहत शिविर, 5 राहत वितरण केन्द्र सुचारू रूप से चल रहल बा। एकरा संगे बाढ़ के चलते चार सौ से जादे मकान के नुकसान भईल बा। एकरा संगे कामरूप जिला के 116 गांव अबे ले पानी के नीचे बा। एह गाँवन के निवासी आजुओ राहत शिविरन में शरण लेबे के मजबूर बाड़े।

 

583090cookie-checkअसम में बाढ़ से हजारन लोग परेशान, हजारन एकड़ फसल भइल बर्बाद, मृतकन के आंकड़ों बढ़ल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.