[the_ad_group id="30365"]

लोकसभा चुनाव के चलते इ परीक्षा अभी तक टाल दिहल गईल बा, जान लीं कि कवन- कवन परीक्षा में टक्कर बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत निर्वाचन आयोग हालही में एगो प्रेस कांफ्रेंस के माध्यम से एह साल के लोकसभा चुनाव के तारीख के एलान कइले रहले । जवना के बाद ए समय अवधि में आवे वाला कुछ परीक्षा के स्थगित करऽ दिहल गईल बा।

भारत निर्वाचन आयोग हालही में एगो प्रेस कांफ्रेंस का माध्यम से एह साल के लोकसभा चुनाव के तारीख के एलान कइले रहले । जवना के बाद एह समय अवधि में आवे वाला कुछ परीक्षा तारीख के टक्कर के चलते स्थगित करऽ दिहल गईल बा। त हमनी के बताएम कि अब तक केतना परीक्षा स्थगित हो गईल बा। एकरा अलावे ए बीच कवन परीक्षा हो रहल बा, जवना प अभी तक स्थगन के कवनो अपडेट नईखे आईल।

कवन परीक्षा स्थगित हो गइल बा?

19 अप्रैल से शुरू होखे वाला लोकसभा चुनाव का चलते जवन परीक्षा टार दिहल गइल बा ओकर सूची नीचे दिहल गइल बा ।

बता दीं कि आईसीएआई सीए परीक्षा के संशोधित परीक्षा कार्यक्रम भी जारी हो गईल बा। एह संबंध में जारी आधिकारिक नोटिस के मुताबिक अब इ 2 जून से शुरू होई अवुरी 10 जून 2024 के खतम होई। एकरा संगे यूपीएससी सिविल सेवा के प्रारंभिक परीक्षा (सीएसई) 2024 के 16 जून तक टार दिहल गईल बा। बता दीं कि पहिले ई परीक्षा 26 मई के होखे वाला रहे ।

चुनाव के तारीख के चलते कवन-कवन परीक्षा में परेशानी होखता?

एह साल जेईई मेन सेशन 2, नीट यूजी, सीयूईटी यूजी के परीक्षा लोकसभा चुनाव के तारीख से ओवरलैप हो रहल बा । हालांकि यूजीसी प्रमुख एम जगदीश कुमार के बयान के मुताबिक सीयूईटी यूजी परीक्षा में कवनो बदलाव ना होई।

बता दीं कि लोकसभा चुनाव 19 अप्रैल से शुरू हो जाई। ई आम चुनाव सात चरण में 1 जून 2024 ले होखी आ एकर रिजल्ट 4 जून के जारी कइल जाई । जईसे की आप लोग उपर के खबर में पढ़ले बानी, एह बीच हो रहल कुछ परीक्षा के स्थगित क दिहल गईल बा, बाकी स्थगित जईसन कवनो अपडेट नईखे आईल। उम्मीदवारन के सलाह दिहल गइल बा कि एह से जुड़ल खबरन पs पूरा नजर राखल जाव ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]