[the_ad_group id="30365"]

इs सामान्य आदत हृदय रोगन के बढ़ा देला जोखिम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पिछिला एक दशक में जवन स्वास्थ्य समस्या के जोखिम सबसे अधिक बढ़त देखल ग‌इल, हृदय रोग ओमें से एक हs। जीवनशैली-आहार आ शारीरिक निष्क्रियता हृदय रोग के खतरा के कई गुना ले बढ़ा देवेला। विश्व स्वास्थ्य संगठन के रिपोर्ट के मुताबिक हृदय रोग दुनियाभर में मृत्यु के दूसरका प्रमुख कारन हs, अइसन में सब लोगन के एs बीमारी से बचाव के लेके सावधानी बरते के चाहि। फैट वाला आहार, तेल-मसाला के अधिक सेवन आ हाई ब्लड प्रेशर आदि हृदय रोगन के जोखिम के कई गुना ले बढ़ा देईं, का रउरा जानेनी कि अंतर्निहित स्वास्थ्य स्थिति के अलावा दैनिक जीवन के कुछ अन्य सामान्य गतिविधि हृदय के सेहत के प्रभावित क‌s सकेला?

स्वास्थ्य विशेषज्ञन के मुताबिक रोजाना अनजाने हमनी के कई गो अइसन चीज करत रहनी जेकर सीधा असर हृदय के सेहत पs पड़ेला।आमतौर पs अइसन छोट-छोट बात के अनदेखा क‌s देला बाकिर दीर्घकालिक रूप से इs काफी हानिकारक हो सकेला। आई आगे एs बारे में जानीं जा ।

*मोबाइल-कंप्यूटर आदि स्क्रीन्स पs बीतावे वाला समय के स्क्रीन टाइम कहल जाला , बाकीर एs समय के बढ़ जाइल आपके खातिर काफी नुकसानदायक हो सकेला। आमतौर पs बढ़ल स्क्रीन टाइम के आंख आ नींद संबंधित समस्या से जोड़के देखल जाला , एकर असर आपके हृदय के नुकसान पहुंचा सकेला। स्क्रीन टाइम बढ़ले के साथे स्वाभावित रूप से लंबा समय ले ब‌इठे रहले, नीला रोशनी के संपर्क में आवे पs, नींद के खराब होले आ शारीरिक निष्क्रियता के जोखिम बढ़ जाला जेकर आपके हृदय स्वास्थ्य पs प्रतिकूल प्रभाव पड़ सकेला।

*एकांत आ अकेलापन दुनु अलग-अलग स्थिति हs। एकांत के स्थिति आपके शांतिपूर्ण अनुभव करावेला ओहीं अकेलेपन के विपरीत प्रभाव पड़ेला आ एसे मानसिक स्वास्थ्य प्रभावित हो सकेला। लोगन से न मिले आ बात न करल, अपने आपे में खोअल रहल रउरा के अवसाद के शिकार बना सकेला। कुछ स्थिति में ई उच्च रक्तचाप के कारण बन जाला जेकर हृदय प्रणाली पs सीधा असर हो सकेला ।

*शरीर के स्वस्थ रखे के खातिर दैनिक रूप से व्यायाम बहुत आवश्यक बा। कहीं रउरा बहुत अधिक व्यायाम तs नाहीं करत बानी? बहुत अधिक आ कम व्यायाम दुनों ही सेहत के खातिर नुकसानदायक हs। व्यायाम न क‌इले से शारीरिक निष्क्रियता बढ़ेला, ओहीं बहुत अधिक व्यायाम से हृदय पs अतिरिक्त दबाव बढ़ जाला, ई दुनों स्थिति में आपके हृदय रोग के शिकार बना सकेला। एसें बचे रहे खातिर सीमित व्यायाम सुनिश्चित करीं।

*जवन लोगन के साथे आप समय बितावेनी, उs आपके शारीरिक आ मानसिक दुनों तरह से प्रभावित क‌ सकेनी । अपने माता-पिता, दोस्त, आ प्रेम संबंध में कवनो तरह के दूरी आ ज‌इले के असर सीधा राउर हृदय स्वास्थ्य के प्रभावित क‌s सकेला। एs स्थिति में रउरा अधिक सोचल शुरू क‌s देत ह‌ईं, जेसे स्वाभाविक तौर पs ब्लड प्रेशर बढ़ जाला। लंबा समय ले बनल रहे वाला ई समस्या हृदय रोग, ईहां ले के गंभीर स्थिति में हार्ट अटैक ले के कारन बन सकेला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]