[the_ad_group id="30365"]

कश्मीर में तीसरका आतंकी हमला, डोडा में आतंकी पुलिस चौकी पs कइले गोलीबारी; चल रहल बा मुठभेड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आतंकी हमला के खबर जम्मू-कश्मीर के डोडा जिला से आ रहल बा, जहां आतंकी एगो चौकी पs गोलीबारी कईले बाड़े। जवना पs पुलिस भी जवाबी कार्रवाई करतिया। एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि जिला के चतरगला इलाका में 4 राष्ट्रीय राइफल अवुरी पुलिस के संयुक्त चौकी पs हमला भईल, जहां सुरक्षाकर्मी भी जवाबी कार्रवाई करत रहले अवुरी मुठभेड़ शुरू हो गईल।

हमला में 2 जवान घायल

एडिशनल डायरेक्टर जनरल ऑफ पुलिस आनंद जैन बतवले कि जिला के चतरगला इलाका में 4 राष्ट्रीय राइफल अवुरी पुलिस के संयुक्त चौकी पs आतंकी गोलीबारी कईले। जवना के जवाब में सुरक्षाकर्मी भी जवाबी कार्रवाई कईले अवुरी ओकरा बाद मुठभेड़ शुरू हो गईल। अबे मुठभेड़ चल रहल बा। डोडा में भइल एह आतंकी हमला में दू गो जवान घवाहिल हो गइल बाड़े जबकि आतंकियन के खोजे खातिर तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा. ई हमला ओह घरी भइल जब सुरक्षा बल कठुआ जिला के अंतर्राष्ट्रीय सीमा (आईबी) के लगे काल्हु साँझ एगो गाँव पs हमला करे वाला आतंकियन के पता लगावे खातिर तलाशी अभियान शुरू कइले बा. आतंकियन के हमला में एगो नागरिक घवाहिल हो गइल.

पाकिस्तानी आतंकी मारल गइल

एकरा संगे-संगे पुलिस के कहनाम बा कि कठुआ अभियान में एगो संदिग्ध पाकिस्तानी आतंकी के सुरक्षा बल के मार दिहल बा। हालही में अतवार के दिने पोनी इलाका के तेरयाथ गांव के लगे शिव खोड़ी मंदिर से कटरा जाए वाली भक्तन से भरल बस पs आतंकवादी गोलीबारी कइले रहले. एह हमला के बाद बस खाई में गिर गईल। एह घटना में 9 लोग के मउत हो गइल आ 41 लोग घवाहिल हो गइल बा.

एह खबरन के खंडन कs दिहलस

एही बीच एडीजीपी जम्मू ट्वीट कईले कि, “हमनी के संज्ञान में आईल बा कि सोशल मीडिया पs भारी मात्रा में फर्जी खबर फैलल जाता। एs झूठा रिपोर्ट में दावा कईल जाता कि एगो खास जगह से तीन नागरिक के लाश बरामद भईल बा। अवुरी आतंकी गांव के कुछ लोग के बंधक बना लेले बाड़े।” .

हमनी के जनता से निहोरा बा कि शांत रहे के चाहीं आ अइसन बेबुनियाद अफवाह पs विश्वास ना करे भा ना फइलावे के चाहीं. अगर एह गलत जानकारी पs नियंत्रण ना कइल गइल तs काल्हु जम्मू शहर में कानून व्यवस्था के बड़हन समस्या पैदा कs सकेला.

साभार- इंडिया tv

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]