[the_ad_group id="30365"]

जलालपुर क्षेत्र में तीन घंटा गुल रही बिजली: छपरा के चतरा पावर सब स्टेशन में सबेरे 10 से होई काम

बिजली गुल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के जलालपुर आ बनियापुर प्रखंड के कुछ हिस्सन में पावर कट कइल जाये के बा। जलालपुर के चतरा पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला फीडर में पावर कट कs  के मरम्मती के काम कइल जाई। एकरा के लेके बिजली विभाग के ओर से सूचना जारी कइल गइल बा।

सुक के सबेरे 10 बजे से दुपहरिया एक बजे तक बिजली बाधित रही। एह दौरान सब स्टेशन आ ट्रांसफार्मर के रिपेयरिंग के काम कइल जाई। हाल के दिनन में चतरा पावर सब स्टेशन से पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। एकरा संगही बरसात के लेके मरम्मती के काम कइल जाये के बा। एह दौरान तीन घंटा के पावर कट रही। कनीय अभियंता बतवलें कि मरम्मती के काम पूरा होखला के बाद फेर से सेवा बहाल कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]