[the_ad_group id="30365"]

छपरा में 10 बजे से बिजली हो जाई गुल: पहिलही निपटा लीं ई जरूरी काम, जानीं केतना घंटा तक कटल रही लाइट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के रिविलगंज क्षेत्र में बुध के पावर कट कइल जाये के बा। पावर कट 2 घंटा खातिर होई। सबेरे 10 बजे से 12 बजे तक पावर कट कइल जाई। रिविलगंज के गौतम स्थान में लागे वाला प्रसिद्ध सिमरिया मेला के मद्देनजर सेफ्टी आ वायर एक्सटेंशन के लेके काम कइल जाये के बा।

सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक 33KVA रिविलगंज फीडर के विद्युत आपूर्ति बाधित रही। ई जानकारी कार्यपालक अभियंता देलें। पावर कट होखला से रिविलगंज के अगरी-कगरी के सब गांवन में बिजली 2 घंटा तक गायब रही। बिजली विभाग कावर से एकरा पहिले बिजली संबंधित कामन के निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। जवना से कवन परेसानी ना होखे।

रिविलगंज के पौराणिक गौतम स्थान गोदना सेमरिया में कार्तिक पूर्णिमा के अवसर पs दु दिन के मेला के आयोजन होला। मेला में सरयु नहाए खातिर दूर-दूर से लोग आवेला। अत्यधिक भीड़ के चलते सब तरे के तार, ट्रांसफार्मर के मरम्मती काम कइल जा रहल बा। एकरा के लेके ई पावर कट कइल गइल बा।

त्योहार आ ठंड सुरू होखे से पहिले सब तरे के लूज वायर आ मेगा ट्रांसफार्मर के एक्सटेंशन काम होेखे के बा। अलग-अलग दिनन पs अलग-अलग क्षेत्रन में पावर काट कs के मरम्मत काम कइल जाये के बा। आगामी त्योहार आ ठंडा के मौसम में परेसानी ना होखे। आवे वाला महीना में विद्युत उपभोक्तन के परेसानी के सामना ना करे के पड़ी। नियत समय के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]