[the_ad_group id="30365"]

दु शिफ्ट में 5 घंटन तक बिजली रही गुल: पहिला शिफ्ट में सबेरे 9 से 12 आ दूसरका शिफ्ट में दुपहरिया 1 से 3 बजे तक सप्लाई रही बाधित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा शहरी क्षेत्र में आज तीसरको दिन पांच घंटे के पावर कट होई। शहरी क्षेत्र में दु शिफ्ट में पावर कट कइल जाई। पहिला शिफ्ट में सबेरे 9 से 12 बजे तक बिजली गुल रही। दूसरका शिफ्ट में दुपहर 1 बजे से 3 बजे तक पावर कट कइल जाई। छपरा शहरी क्षेत्र में डबल डेकर पुल निर्माण आ पूजा पंडाल निर्माण के लेके बिजली गुल कइल जाई। 9 से 12 बजे तक एसडीएस फीडर आ ब्रह्मपुर फीडर में पावर कट होखला से छपरा शहर के पश्चिमी हिस्सन में विद्युत प्रभावित रही।

पुल आ पंडाल निर्माण खातिर काटल जाई बिजली

मुख्य रूप से जेल गुमटी, गुदरी, मासूमगंज, अजायबगंज, रामकृष्णपुरी, दरोगा राय चौक आ हॉस्पिटल चौक प्रभावित रही। दूसरका शिफ्ट में दुपहरिया 1 से 3 बजे तक नगर पालिका चौक फीडर में बिजली गुल रही। जवना से साधनपुरी, राजेंद्र सरोवर, नगरपालिका चौक आ गोपेश्वर नगर में पावर कट रही।

डबल डेकर पुल के सुपर स्ट्रक्चर आ पंडाल निर्माण में सुरक्षा खातिर पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। दोबारा निर्धारित समय के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। डबल डेकर के ऊपरी हिस्सन पs स्ट्रक्चरल के गार्टर लांचिंग कइल जा रहल बा। जवना के चलते 11KV एसडीएस फीडर आ 11KV ब्रह्मपुर फीडर आउर नगरपालिका चौक के बिजली आपूर्ति बाधित रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]