मशरख में तीन घंटा बिजली रही गुल: छपरा में 9 बजे से 12 बजे तक के पावर कट, मेंटेनेंस के होई काम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 24, 2024

छपरा में बियफे के तीन घंटा के मेंटेनेंस पावर कट रखे के सूचना जारी भइल बा। मशरख में मेगा ट्रांसफार्मर रिपेयरिंग आ मुख्य सड़क किनारे वायर रिप्लेसमेंट के लेके पावर कट रही। बिजली विभाग वायर

Share

बिजली गुल

छपरा में बियफे के तीन घंटा के मेंटेनेंस पावर कट रखे के सूचना जारी भइल बा। मशरख में मेगा ट्रांसफार्मर रिपेयरिंग आ मुख्य सड़क किनारे वायर रिप्लेसमेंट के लेके पावर कट रही। बिजली विभाग वायर मेंटेनेंस के काम कs रहल बा। मशरख के चैनपुर फीडर में बिजली कट कs के मेंटेनेंस के काम कइल जाये के बा। जवना के लेके चैनपुर फीडर से पावर कट होई।

बियफे के सबेरे नव बजे से दुपहरिया 12 बजे तक तीन घंटा के पावर कट कइल जाई। एकरा के लेके बिजली विभाग सूचना जारी करत बिजली संबंधित काम के निपटा लेवे के सलाह देले बा। 12 बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान मशरख आ इसुआपुर के क्षेत्र में बिजली बाधित रही।

9 बजे से 12 बजे तक बिजली रही बाधित

पावर कट से संबंधित जानकारी देत सहायक अभियंता बतवले कि सुक के चैनपुर पीएसएस से संचालित होखे वाला फीडर में बिजली बाधित कइल जाये के बा सबेरे 9 बजे से 12 बजे तक बिजली बाधित करत तमाम तरे के बिजली के मरम्मती काम कइल जाये के बा।

12 बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान मुख्य सड़क किनारे हाई एक्सटेंशन आ लो एक्सटेंशन वायर के मरम्मती के संगे पावर सब स्टेशन में रेगुलर मेंटेनेंस कइल जाई। जवना से भविष्य में परेसानी ना होखे। दोबारा 12 बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह समय मे परेसानी खातिर बिजली विभाग क्षमाप्रार्थी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.