Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना जंक्शन पs बम होखला के सूचना से मचल हड़कंप: पुलिस बतवलस अफवाह, सुरक्षा के लेके सर्च अभियान जारी

295

पटना जंक्शन पs सोमार के सांझ बम होखला के सूचना मिलल। एकरा बाद पटना जंक्शन पs हड़कंप मच गइल। सूचना मिलतही रेलवे के अधिकारी अलर्ट मोड पs आ गइल लोग। मवका पs फायर ब्रिगेड के गाड़ी पहुंचली सs। पटना जंक्शन पs सइयन के संख्या में पुलिस के टीम तलाशी कर रहल बिया आ जांच में जुट गइल बिया।

ओहिजा उहां पs मवजूद पुलिस अधिकारी एह सूचना के अफवाह बतवले बाड़ें। बाकिर ओकरा बादो लगातार सर्च अभियान जारी बा। उनकर कहनाम बा कि कवनो अज्ञात शख्स फोन पर बम मिले के सूचना देले रहे। फिलहाल जांच चल रहल बा।

GRP के आइल कॉल, बम होखे के देलस सूचना

बता दीं कि जानकारी के अनुसार जीआरपी के एगो कॉल आइल रहे। कॉल पर एगो व्यक्ति पटना जंक्शन पर बम होखे के सूचना देले रहे। बम के सूचना मिलतही आरपीएफ आ पुलिस के टीम सर्च अभियान चला रहल बा। खोजी कुत्तो के सर्च अभियान में लगावल गइल बा।

हालांकि उहां पर मवजूद पुलिस अधिकारी के कहनाम बा कि अभी फिलहाल इहां सर्च अभियान चल रहल बा जवन कुछ मिली, ऊ एके बेर बइठ के रउआ सभे के बता दिहल जाई।

ट्रेनन के अंदरो चल रहल बा सर्च

पुलिस बम मिलला के सूचना के अफवाह बतवले बिया बाकिर ओकरा बादो स्टेशनन पs आवे वाला ट्रेनन में जांच चल रहल बा। ओहिजा पटना जंक्शन के तरफ महावीर मंदिर के आसपास सीसीटीवी कैमरन के जांच चल रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

415010cookie-checkपटना जंक्शन पs बम होखला के सूचना से मचल हड़कंप: पुलिस बतवलस अफवाह, सुरक्षा के लेके सर्च अभियान जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.