[the_ad_group id="30365"]

अखिलेश यादव के सभा में मचल भगदड़, बैरिकेडिंग तुड़ के मंच ले पहुंचले समर्थ‍क; पुलिस भंजलस लाठी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Uttar Pradesh poltics: उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ के खरेवां सरायमीर में भइल जनसभा में बेकाबू सपा कार्यकर्ता के चलते भगदड़ मच गइल। बैरिकेडिंग तुड़ के समर्थक मंच ले पहुंच गइले। पुलिस इस्थिति के काबू करे खातिर लाठियो भंजलस। जनसभा में अखिलेश यादव कहले क‍ि भाजपा के सरकार 10 बरिस से देश में लूट के छूट के साथे जमल बिया।

आजमगढ़। उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ के खरेवां सरायमीर में भइल जनसभा में बेकाबू सपा कार्यकर्ता के चलते भगदड़ मच गइल। बैरिकेडिंग तुड़ के समर्थक मंच ले पहुंच गइले। पुलिस इस्थिति के काबू करे खातिर लाठियो भंजलस।

जनसभा में अखिलेश यादव कहले क‍ि, भाजपा के सरकार 10 बरिस से देश में लूट के छूट के साथे जमल बिया आ अतना लूटलस कि ओहिसे वैक्सीन लगवा देलस। आज वैक्सीन से खतरा पैदा हो गइल बा। का वैक्सीन लगावे खातिर भाजपा के वोट देबऽ? सुनले बानी कि जबसे वैक्सीन के खतरा पैदा भइल बा दिल्ली के सांसद आपन फोटो हटावे लगले।

भाजपा के लोग बाबा साहेब के संविधानो से बड़ बा। भाजपा के 400 के नारा बा। रउआ सभे लोग पढ़ल- लिखल बानीं। ई नारा उऽ लोग एह खातिर देले बा कि लोकसभा में 543 सीट बा। एह बेर जनता इँका लोग 400 के हार पहिरा रहल बिया। एह बेर जनता ई लोग के 140 सीट दिही। एह सरकार में किसानन के डीएपी तबे मिलल जब जबरदस्ती नैनो यूरिया खरीदे पड़ल।

चार जून के बाद मंत्रिमंडल तऽ बनबे करी बाकिर चार जून के बाद हमनीं के मीडियो मंडल बदल जाई। हमनियों के खुशी के दिन आई। ई मान के चलल जाव कि आजमगढ़ आपन पुरनका रिकार्ड तुड़ी।

नवहा लोग जानत होई कि भाजपा सरकार में हर पेपर लीक हो गइल। परीक्षा रद करे के पड़ल। नवहा लो कतना तइयारी कऽ के हार गइले। जब परीक्षा देवे गइले तऽ पेपर लीक हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]