[the_ad_group id="30365"]

अब जानलेवा होखे लागल गरमी: झारखंड के एको जिला अइसन नइखे जवना के तापमान 40 डिग्री से कम होखे, 20 जून से बरखा के उम्मेद 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड में गरमी अपना चरम पs बा। राज्य में कवनो अइसन जिला नइखे जहां के तापमान 40 डिग्री से कम होखे। अइसन भीषण गरमी में जदि राहत देवे वाला बात बा तs उ बा मौसम विभाग के पूर्वानुमान। मौसम विभाग कहले बा कि 20 जून से बरखा के उम्मीद कइल जा सकत बा। मौसम विभाग के मोताबिक एह साल संथाल परगना के रास्ते मॉनसून के प्रवेश राज्य में होखे के उम्मीद बा।

एह बीच मौसम के असर अइसन हो गइल बा कि ई जानलेवा साबित हो रहल बा। बीतल 24 घंटा में गरमी आ लू के वजह से 13 लोगन के मौत हो गइल। मृतकन में 7 पलामू के बा लो। धनबाद में दु लोगन के जान गइल। रामगढ़, दुमका ,जमशेदपुर आ रांची के खलारी में एक-एक जान गइल बा।

आज लू के आसार

मौसम विभाग आज आ काल्ह राज्य के बड़ हिस्सा में लू के आसार बतवले बा। एह लू के कहर राजधानी रांचियो के लोगन के झेले के होई। ओहिजा संगही एकर असर सिमडेगा, खरसावां, गढ़वा, पलामू, चतरा में रही। मौसम विभाग एह जिलन खातिर ओरेंज अलर्ट जारी कइले बा। एह जिलन के अतिरिक्त जिलन खातिर येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। मौसम विभाग साफ-साफ कहले बा कि अबर बहुत जरूरी ना होखे तs घर के बाहर जाये से परहेज करीं। जदि निकलही के पड़े तs एहतियात बरतत निकली।

गोड्‌डा के तापमान 46 डिग्री के पार

मौसम विभाग के आंकडा के देखल जाव तs राज्य में गोड्डा अइसन जिला बा, जहां गरमी सबसे जादे पड़ रहल बा। सनीचर के इहां के तापमान 46.5 डिग्री पs रहल। आउर जिलन के बात करीं तs मेदिनीनगर के पारा 44.8 , देवघर के 44.7 आ रामगढ़ के 43.4 डिग्री पs रहल। रांची में पारा 40.8 डिग्री पs रहल। सबसे कम तापमान वाला जिला में 40.6 डिग्री गरमी बा। एह जिलन में हजारीबाग, खूंटी आ लोहरदगा सामिल बा।

पूर्वी सिंहभूम खातिर अलर्ट जारी

मौसम विभाग पूर्वी सिंहभूम जिला खातिर अलर्ट जारी कइले बा। मौसम विभाग कहले बा कि पूर्वी सिंहभूम जिला के कुछ भाग में अगिला एक से तीन घंटा में हलका दर्जा के मेघ गर्जन आ वज्रपात के संगे बरखा होखे के प्रबल संभावना बा। अइसन में लोगन के सतर्क आ सावधान रहला के जरूरत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]