[the_ad_group id="30365"]

THE Ranking 2025 : गोरखपुर विश्वविद्यालय के 801वीं रैंक, राज्यपाल आनंदीबेन पटेल देली बधाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के वैश्विक स्तर पs एगो आउर बड़ उपलब्धि हासिल भइल बा। विश्व के प्रतिष्ठित रैंकिंग एजेंसी टाइम्स हायर एजुकेशन (THE) के ओर से जारी नया रैंकिंग में विश्वविद्यालय के 801वीं रैंक प्राप्त भइल बा। एह उल्लेखनीय सफलता पs उत्तर प्रदेश के राज्यपाल आ कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल कुलपति प्रो. पूनम टंडन आउर सब विश्वविद्यालय परिवार के बधाई देले बाड़ी।

राज्यपाल अपना संदेश में कहली कि ई रैंकिंग विश्वविद्यालय खातिर गर्व के विषय बा आ ई उपलब्धि उहां के सुदृढ़ शोध माहौल, शिक्षकन के समर्पित भावना आ वैश्विक मानकन के अनुरूप कइल जा रहल प्रयासन के परिणाम बा। ऊ विश्वास व्यक्त कइली कि विश्वविद्यालय आवे वाला बरिसन में अपना शैक्षणिक आ अनुसंधानात्मक उत्कृष्टता के नया आयाम दिही।

नवाचार आ शोध क्षेत्र में लगातार आगे बढ़ रहल बा विश्वविद्यालय

राज्यपाल कहली कि दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय पिछला बरिसन में नवाचार, शोध आ शिक्षण के क्षेत्र में उल्लेखनीय प्रगति कइले बा। ऊ उम्मेद जतवलें कि विश्वविद्यालय विकसित भारत के निर्माण में आपन मजबूत भूमिका निभावत रही।

नेचर इंडेक्स आ QS रैंकिंग में सानदार प्रदर्शन

ई पहिला अवसर नइखे जब विश्वविद्यालय राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय रैंकिंग में आपन श्रेष्ठता साबित कइले होखे। नेचर इंडेक्स रैंकिंग 2025 में विश्वविद्यालय के उत्तर प्रदेश के सब राज्य विश्वविद्यालयन में पहिला स्थान मिलल बा। संगही फिजिकल साइंसेज श्रेणी में विश्वविद्यालय राज्य में पहिला स्थान हासिल कइले बा। एकरा अलावे, QS वर्ल्ड एशिया रैंकिंग्स 2026 में विश्वविद्यालय के 1001–1100 बैंड में स्थान मिलल बा। QS साउथर्न एशिया रैंकिंग में विश्वविद्यालय 330वां स्थान प्राप्त कइले रहे।

Read Also: New Rules From Today : एलपीजी, आधार अपडेट, ट्रैफिक आ बैंकिंग में बदल रहल बा नियम, जानीं का पड़ी एकर असर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]