[the_ad_group id="30365"]

New Rules From Today : एलपीजी, आधार अपडेट, ट्रैफिक आ बैंकिंग में बदल रहल बा नियम, जानीं का पड़ी एकर असर

"December new rules in India including LPG price change, Aadhaar update rules, EPFO nomination changes and SBI Mcash service discontinuation"
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। आज 1 दिसंबर से हर महीना जइसन कुछ ना कुछ नया बदलाव हो रहल बा। आज से लागू भइल एह नया नियमन के असर सीधे-सीधे आम जनजीवन, रोजगार, खर्चा-पानी आ सरकारी सुविधा लेवे वाला लोग पs पड़े वाला बा। एह बदलल नियमन के जानकारी जरुरी बा, ना तs आगे चल के दिक्कत उठावे के पड़ सकेला। नीचे आज 1 दिसंबर से लागू भइल सब नियम के पूरा डिटेल पढ़ीं-

एलपीजी गैस सिलेंडर के नया दाम

तेल कंपनी हर महीना के पहिलका तारीख के एलपीजी सिलेंडर के दाम अपडेट करेली सs। 1 दिसंबर से 19 किलो वाला कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के दाम में 10 रुपया के कटौती हो रहल बा।

घरेलू सिलेंडर के दाम में कवनो बदलाव ना

कमर्शियल होटल-रेस्टोरेंट वगैरह खातिर फायदा मिलल बा, बाकिर घर वाला सिलेंडर के जवन दाम रहे ओइसही चलत रही।

आधार कार्ड अपडेट करे के नया नियम

1 दिसंबर से आधार से जुड़ल नया नियम लागू भ गइल बा। एकरा से अब, नाम, पता, जन्मतिथि, मोबाइल नंबर सब ऑनलाइन अपडेट हो सकी। आधार डाटा के वेरिफिकेशन अब PAN, पासपोर्ट आ दूसरका सरकारी रिकॉर्ड से होई। यूआईडीएआई हाले में नया आधार कार्ड वर्जन लॉन्च कइले बा। अब आधार सुधार आउर आसान आ तेज हो जाई।

ट्रैफिक नियम में बदलाव

कइयन गो राज्य 1 दिसंबर से ट्रैफिक नियम कड़ा कs देले बा। ऑनलाइन चालान भरला पs अब प्रोसेसिंग फी देवे के पड़ी। PUC ना रही तs भारी जुर्माना भरवावल जाई। कइयन गो शहरन में ई-चालान सिस्टम आउर कड़ा हो गइल बा। अब ट्रैफिक नियम तुड़ला पs तुरंते चालान आ फाइन भोगे के पड़ सकत बा।

ईपीएफओ (EPFO) के नया नियम

1 दिसंबर से EPFO कइयन गो नया बदलसव लागू कइले बा। अब UAN-KYC लिंकिंग अनिवार्य बा। ई-नॉमिनेशन ना भरला पs आगे पेंशन/क्लेम में दिक्कत आई। मासिक पेंशन अपडेट के प्रक्रिया में बदलाव कइल गइल बा। जवन कर्मचारी लोग एह सब कामन के पूरा ना करी, ऊ आगे चल के परेसान हो सकेला।

SBI के एमकैश सेवा बंद

भारतीय स्टेट बैंक 1 दिसंबर से आपन पुरान सुविधा mCash बंद कs देलस। अब 30 नवंबर के बाद एमकैश से पैसा भेजल आ पावल बंद हो गइल। SBI कहले बा कि अब ग्राहक लोग UPI, IMPS, NEFT, RTGS जइसन सुविधा के इस्तेमाल करे। मतलब अब SBI के मोबाइल यूजर लोगन के डिजिटल पेमेंट खातिर नया तरीका अपनावे के पड़ी।

Read Also: Parliament Winter Session : संसद के शीतकालीन सत्र आज से, SIR मुद्दा पs भारी हंगामा के आसार; विपक्ष बनवलस खास योजना

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]