इंस्टाग्राम के ऐप थ्रेड्स के लोकप्रियता घटल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2023

एह महीना के शुरुआत में मेटा ट्विटर के मुकाबला करे खातिर थ्रेड्स ऐप लॉन्च कईले रहे। एकरा बाद से अब ले करोड़ों यूजर ए ऐप से जुड़ गईल बाड़े। खबर के मुताबिक, एप्लिकेशन के लॉन्च

Share

एह महीना के शुरुआत में मेटा ट्विटर के मुकाबला करे खातिर थ्रेड्स ऐप लॉन्च कईले रहे। एकरा बाद से अब ले करोड़ों यूजर ए ऐप से जुड़ गईल बाड़े। खबर के मुताबिक, एप्लिकेशन के लॉन्च के कुछ हफ्ता बाद ही एप्लिकेशन के ट्रैफिक में लगातार गिरावट आईल बा। मार्केट एनालिसिस फर्म सेंसर टावर के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, थ्रेड्स ऐप के ट्रैफिक में 75 प्रतिशत के कमी आईल बा। पहिले आईओएस यूजर ए ऐप पs औसतन 91 मिनट बितावत रहले, लेकिन अब इ मात्र 4 मिनट ले कम हो गईल बा। एकरा संगे एंड्रॉयड यूजर के औसत समय 21 मिनट से घट के महज 5 मिनट हो गईल बा। बतावत बानी कि मार्क जुकरबर्ग 6 जुलाई के एह ऐप के लॉन्च कइले रहले। लॉन्च के समय कहल जात रहे कि इ ऐप ट्विटर के कड़ा मुकाबला दिही। इ ऐप लॉन्च के मात्र 5 दिन बाद 10 करोड़ सक्रिय उपयोगकर्ता के निशान पार क गईल रहे। रिपोर्ट के मुताबिक ए ऐप में अयीसन बहुत फीचर उपलब्ध नईखे, जवन कि ट्विटर पs आसानी से उपलब्ध बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.