[the_ad_group id="30365"]

पटना एयरपोर्ट पs बांग्लादेश एयरवेज के विमान के इमरजेंसी लैंडिंग: ढाका से काठमांडू जा रहल फ्लाइट, सब 77 यात्री सुरक्षित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना एयरपोर्ट पs सुक के बांग्लादेश के विमान के इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल। ई फ्लाइट बांग्लादेश के ढाका से नेपाल के काठमांडू जा रहल बा। फ्लाइट में करीब 77 यात्री रहलें। तकनीकी खराबी होखे के वजह से एकरा के पटना एयरपोर्ट पs उतारल गइल। एयरपोर्ट के अधिकारी जांच में जुटल बा कि विमान में का खराबी आइल बा।

पटना एयरपोर्ट पs दुपहर 12 बजे ई इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल। एयरपोर्ट अथॉरिटी के मोताबिक विमान में तकनीकी खराबी आइल रहे। विमान में सवार सब 77 यात्रियन के सुरक्षित निकाल लिहल गइल बा। एह लोगन के अब एयर इंडिया के फ्लाइट से भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा।

DGCA बतवलस कि ढाका से काठमांडू जाये वाली विमान बांग्लादेश के फ्लाइट 371 के तकनीकी खराबी के चलते बिहार के पटना डायवर्ट कs दिहल गइल। फ्लाइट में सवार सब 77 यात्री सुरक्षित बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]