[the_ad_group id="30365"]

बदल गइल फ्लाइट के ‘लगेज रूल’, जानीं अब साथे में ले जा सकेनी केतना आ कवन बैग

लगेज रूल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

2024 से विदाई होखे वाला बा, अब लोग नया साल के इंतजार में बा। एह मौका पs लोग छुट्टी बितावे खातिर यात्रा करेला. अइसना में लोग आपन सामान लेके निकलेला। अगर रउआ भी नया साल के योजना बनावत बानी तs रउआ खातिर ई बहुत जरूरी खबर बा। रउरा जानकारी खातिर बता दीं कि प्लेन से यात्रा करे के एगो नियम बदल गइल बा. अगर रउरा एह बारे में बिना जनले हवाई अड्डा पs चहुँप जाईं तs समस्या के सामना करे के पड़ सकेला. असल में ब्यूरो ऑफ सिविल एविएशन सिक्योरिटी (बीसीएएस) हैंड बैग नीति में बदलाव कईले बा।

नया हैंड बैग के नीति का बा?

नया नियम के मुताबिक अब यात्री के फ्लाइट के भीतर खाली एक हैंड बैग लेके चले के मौका मिली। उड़ान में सामान के नियम में बड़ बदलाव भईल बा। बीसीएएस के नयका नियम के तहत अब यात्री के उड़ान के भीतर खाली एगो हैंड बैग चाहे केबिन बैग लेके चले के इजाजत होई। इs नियम घरेलू अवुरी अंतरराष्ट्रीय दुनो विमान पs लागू होई। यात्रियन के बढ़त संख्या के चलते नियम में बदलाव कईल गईल बा.

*बीसीएएस आ हवाई अड्डा सुरक्षा खातिर तैनात सीआईएसएफ अब नियम कड़ा कs दिहले बा. सख्ती के चलते अब रिलायंस भी आपन नियम बदल देले बिया।

*एयर इंडिया के मुताबिक प्रीमियम इकोनॉमी अवुरी इकोनॉमी क्लास के यात्री के अधिकतम 7 किलो ले के हैंड बैग ले जाए के अनुमति बा, जबकि बिजनेस चाहे फर्स्ट क्लास यात्री खातीर इs सीमा 10 किलो ले राखल गईल बा।

*सामान के आकार 40 सेमी (लंबाई), 20 सेमी (चौड़ाई) अवुरी 55 सेमी (ऊँचाई) से जादे ना होखे के चाही। एक हैंड बैग के अलावे सभ बैग के चेक इन करावे के होई।

*इंडिगो एयरलाइंस भी आपन हैंड बैगेज नियम के बारे में बतवले बिया। इंडिगो यात्री एक केबिन बैग लेके जा सकेले। बैग के आकार 115 सेमी से अधिका ना होखे के चाहीं आ वजन 7 किलो से अधिका ना होखे के चाहीं.

रउआँ एगो पर्सनल बैग भी ले जा सकेनी, जइसे कि लेडीज पर्स भा एगो छोट लैपटॉप बैग, जवना के वजन 3 किलो से अधिका ना होखे इंडिगो में रउआँ के दू गो बैग ले जाए के अनुमति बा – एगो केबिन बैग आ एगो पर्सनल बैग। अगर रउरा नियम के पालन ना करब तs हो सकेला कि रउरा अतिरिक्त शुल्क भा जुर्माना देबे के पड़े.

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]