पीएम मोदी के जान से मारे के धमकी: मुंबई पुलिस के कंट्रोल रूम में आइल फोन, जांच जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 28, 2024

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा। मुंबई पुलिस के कंट्रोल रूम में कवनो अज्ञात शख्स फोन कs के प्रधानमंत्री के जान से मारे के धमकी देले बाड़ें। पुलिस अज्ञात

Share

पीएम मोदी के साल 2023, 2022 आ 2018 में धमकी मिलल रहे।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा। मुंबई पुलिस के कंट्रोल रूम में कवनो अज्ञात शख्स फोन कs के प्रधानमंत्री के जान से मारे के धमकी देले बाड़ें। पुलिस अज्ञात व्यक्ति के खिलाफ केस दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बाड़ें।

मोदी के 6 साल में मिलल तीन गो धमकी

2023: हरियाणा के एगो शख्स वीडियो वायरल करत मोदी के गोली मारे के धमकी दिहल थी। वीडियो में जुवक खुद के हरियाणा के बदमाश आ गांव मोहाना, सोनीपत के रहे वाला बतवलें। वीडियो में ऊ कहले रहे कि प्रधानमंत्री मोदी हमरा सामने आ जास तs हम गोली मार देम।

2022: पीएम मोदी के जेवियर नाम के एगो शख्स धमकी देले रहस। जेवियर केरल भाजपा अध्यक्ष के. सुरेंद्रन के भेजल खत में जान से मारे के धमकी देत लिखले रहे- मोदी के हाल राजीव गांधी जइसन होई। ओह घरी पीएम केरल दौरा पs जात रहस। बाद में पुलिस धमकी देवे वाला के अरेस्ट कs लेले रहस।

इहो पढ़ीं: सोनपुर मेला कप पs सारण के कब्जा: प्रमंडलीय कबड्डी प्रतियोगिता पटना के 14 अंक से हरवलस 

2018: महाराष्ट्र के मोहम्मद अलाउद्दीन खान नाम के शख्स फेसबुक पेज पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जान से मारे के धमकी देले रहे। ऊ खुद के आतंकी संगठन जैश-ए -मोहम्मद के सदस्य बतावत देस के पांच प्रमुख शहरन में विस्फोट करे के बात कहले रहस। शख्स प्रतिबंधित संगठन ISIS के झंडा के फोटो डलले रहलें।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.