[the_ad_group id="30365"]

दीवार में छिपल रहे किंग कोबरा, निकाले लागल शख्स, त फन फैलाके कs देलस अटैक, फेरु भइल कुछ अइसन…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सोशल मीडिया खतरनाक साँप आ किंग कोबरा के वीडियो से भरल बा, अक्सर किंग कोबरा के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो जाला। कबो टॉयलेट सीट के भीतर कोबरा छिपल रहेला त कबो शावर में सांप लटकल मिलेला त कबो स्कूटी के भीतर छिपल मिलेला। अइसन वीडियो देख के लोग के रोंगटा खड़ा हो जाला। कई बेर राजा कोबरा के हमला के खतरनाक वीडियो भी देखे के मिलेला। अब सोशल मीडिया पs अयीसन एगो खतरनाक वीडियो वायरल होखता, जवना में एगो किंग कोबरा के दीवार के भीतर लुकाइल के देखल गईल बा। देखऽ जब ओकरा के बाहर फेंक दिहल गइल त ऊ का कइलस…

वायरल होखे वाला एह वीडियो में रउआ देख सकत बानी कि एगो आदमी देवाल के किनारे खोदत बा। कुछ देर खोदला के बाद एगो साँप लउकेला, ओकरा के देख के आदमी ओकर पूंछ पकड़ लेला आ फेर तनी अउरी खोदला के बाद साँप के बाहर निकाले में कामयाब हो जाला। रउरा देख सकीलें कि साँप बहुते बड़हन बा आ कइसे हमला करे वाला बा। लेकिन, कवनो तरीका से उ आदमी सांप के प्लास्टिक के डिब्बा में बंद क देवेला।

https://www.instagram.com/reel/CvACvsmrdF3/?igshid=MTc4MmM1YmI2Ng==

 

ई वीडियो 22 जुलाई के इंस्टाग्राम पs snake_naveen नाम के एगो अकाउंट के साथ शेयर कइल गइल रहे। एह वीडियो के अब ले एक लाख से ज्यादा लाइक मिलल बा आ लोग भी वीडियो पs खूब कमेंट कर रहल बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]