संघ आ सरकार के बीच कम हो रहल फासला, गृह मंत्रालय के कदम पऽ RSS नया प्रचारक भेजे के तइयार 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 31, 2024

संध सरकार आ भाजपा के बीच के दूरी कम करे के कोशिश तेज हो गइल बा। गृह मंत्रालय अपना वेबसाइट के पहिला पन्ना पs सरकारी कर्मचारी के संघ के गतिविधि में भाग लेवे पs लागल

Share

संध सरकार आ भाजपा के बीच के दूरी कम करे के कोशिश तेज हो गइल बा। गृह मंत्रालय अपना वेबसाइट के पहिला पन्ना पs सरकारी कर्मचारी के संघ के गतिविधि में भाग लेवे पs लागल रोक हटावे के आदेश के पोस्ट कइले बिया। एकरा संगे-संगे हरियाणा विधानसभा चुनाव के लेके भइल समन्वय बइठक में भाजपा संघ के सुझाव पs काम करे के भरोसा दिहलस।

लोकसभा चुनाव में उम्मीद के मुताबिक सफलता ना मिलला के बाद भाजपा, सरकार आउर संघ के बीच के दूरी कम करे के कोशिश तेज हो गईल बा। सरकारी कर्मचारियन के आरएसएस के गतिविधियन में भाग लेबे पर दशकन से चलत रोक हटा दिहला के बाद केंद्रीय गृह मंत्रालय कार्मिक विभाग के एह आदेश के अपना वेबसाइट के होम पेज पर डाले के फैसला कइले बिया।

गृह मंत्रालय के ओर से जारी निर्देश के मुताबिक एकर उद्देश्य सरकार के एह फैसला के बारे में अधिका से अधिका लोग के अवगत करावे के बा। दोसरा तरफ संघ भाजपा में संगठन मंत्रियन के कमी दूर करे खातिर नया अभियान भेजे खातिरो तइयार बा।

 गृह मंत्रालय के साइट पs हाईकोर्ट के फैसला

सरकारी कर्मचारियन के संघ के गतिविधि में भाग लेबे पर लगावल रोक हटावे के फैसला के मध्य प्रदेश हाईकोर्ट में दायर याचिका से जोड़ल जात रहे बाकिर गृह मंत्रालय एह फैसला के सीधा संदर्भ के रूप में वेबसाइट के पहिला पन्ना पs राखे के फैसला ले लिहलस संघ के ओर से एकरा के संबंध सुधारे से जोड़ल जा रहल बा।

मानल जाता कि गृह मंत्रालय के बाद आउर मंत्रालय कार्मिक मंत्रालय के आदेश के अपना वेबसाइट पs डाले के फैसला कऽ सकऽ तारे। सरकार के ई फैसला आपन सौ साल पूरा होखे वाला संघ के अपना सामाजिक कार्य के स्वीकृति बढ़ावे आ अपना गतिविधियन के दायरा बढ़ावे में मदद कर सकेला।

कई साल बाद संगठन मंत्री भेजे के तइयारी से भाजपा आउर संघ के बीच बेहतर तालमेल के अंदाज़ा लगावल जा सकऽता। असल में भाजपा में संगठन मंत्री संघ के भेजल जाला, जवन जमीनी स्तर पs कार्यकर्ता आउर पार्टी के बीच बेहतर समन्वय खातिर काम करेले।

संगठन मंत्री कहाँ- कहाँ खाली बाड़े?

वर्तमान में कर्नाटक, महाराष्ट्र, तमिलनाडु, राजस्थान जइसन बड़ राज्य में संगठन मंत्री के पद खाली बा। हालही में हरियाणा में विधानसभा चुनाव के लेके संघ आउर भाजपा के वरिष्ठ नेता के समन्वय बइठक भइल।

बइठक में हरियाणा के वरिष्ठ नेता आउर पार्टी के ओर से नियुक्त केंद्रीय प्रभारी संघ से मिलल सुझाव के चुनाव के तैयारी में शामिल करे के भरोसा देले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.