[the_ad_group id="30365"]

जम्मू कश्मीर: टेरर लिंक मामला में 3 सरकारी कर्मचारी बर्खास्त, उपराज्यपाल मनोज सिन्हा लिहले बड़हन एक्शन

जम्मू-कश्मीर के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीनगर : जम्मू-कश्मीर के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा आतंकवादी संबंध के चलते जम्मू-कश्मीर के 3 सरकारी कर्मचारी के बर्खास्त कs देले।  बर्खास्त कर्मचारी में जम्मू-कश्मीर पुलिस के सिपाही फिरदौस भट्ट भी शामिल बाड़े, जवन कि पुलिस में रहते लश्कर खातीर काम करत रहले।

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

जानकारी के मुताबिक उपराज्यपाल मनोज सिन्हा पुलिस सिपाही, शिक्षक अवुरी वन विभाग के अर्दली समेत 3 सरकारी कर्मचारी के बर्खास्त कs देले।  तीनों कर्मचारी आतंकवाद से जुड़ल अलग-अलग मामला में जेल में बंद बाड़े।  उपराज्यपाल के अध्यक्षता में भईल सुरक्षा समीक्षा बैठक के एक दिन बाद इs बड़ कार्रवाई भईल। एह बइठक में उपराज्यपाल पुलिस आ सुरक्षा एजेंसियन के निर्देश दिहले रहले कि आतंकी आ पर्दा के पीछे लुकाइल आतंकी नेटवर्क के बेअसर करे खातिर आतंकवाद विरोधी अभियान तेज कs दिहल जाव.  उपराज्यपाल इहो कहले रहले कि आतंकवाद के समर्थन अवुरी वित्तपोषण करेवाला के बहुत भारी कीमत चुकावे के पड़ी।

इहो पढ़ीं: Anti Valentine Week 2025: सुरू भइल एंटी-वैलेंटाइन वीक, जानीं 15 से 21 फरवरी ले पडेला कवन डे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]