IND vs SA: टीम इंडिया के लगे सुनहरा मउका, साउथ अफ्रीका में आजु रचल जाइ इतिहास, सालन के इंतजार होइ खतम

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2023

IND vs SA 3rd ODI: भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच खेलल जा रहल तीन मैच के वनडे सीरीज बहुते रोमांचक मोड़ पs चहुँप गइल बा। एह सीरीज के पहिला मैच टीम इंडिया 8 विकेट

Share

IND vs SA 3rd ODI: भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच खेलल जा रहल तीन मैच के वनडे सीरीज बहुते रोमांचक मोड़ पs चहुँप गइल बा। एह सीरीज के पहिला मैच टीम इंडिया 8 विकेट से जीत लिहलस। बाकिर दुसरका मैच में दक्षिण अफ्रीका शानदार वापसी कइलस आ 8 विकेट से जीत हासिल कइलस। अइसना में अब आखिरी मैच में सीरीज तय हो जाई। टीम इंडिया के भी इs मैच जीत के इतिहास रचे के सुनहरा मउका बा।

ऐतिहासिक जीत से एक डेग दूर भारत

भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच तिसरका वनडे मैच पारल के बोलैंड पार्क, पार्ल में खेलल जाई। अगर भारतीय टीम एह मैच में जीत हासिल कs लेव तs ऊ एह सीरीज पs 2-1 से कब्जा कs ली। अगर अइसन हो गइल तs दक्षिण अफ्रीका में टीम इंडिया के ई दुसरका वनडे सीरीज जीत होखी। टीम इंडिया 2018 में दक्षिण अफ्रीका में भइल ईs एकमात्र वनडे सीरीज जीतले रहे। अइसना में टीम इंडिया के अबकी बेर दक्षिण अफ्रीका के अपना घर में हरावे के बड़हन मउका बा।

विराट के कप्तानी में ऐतिहासिक सीरीज जीतले रहे

टीम इंडिया दक्षिण अफ्रीका में साल 1992/93 में आपन पहिला वनडे सीरीज खेलले रहे। ओकरा बाद टीम इंडिया दक्षिण अफ्रीका के घरेलू मैदान पs महज एक बेर हरावे में कामयाब रहल बा। साल 2017-18 में खेलल गइल 6 मैच के वनडे सीरीज में भारत 5-1 से जीत हासिल कइले रहुवे। एह सीरीज में टीम इंडिया के कप्तान के जिम्मेवारी विराट कोहली संभालत रहले। अब केएल राहुल के इतिहास दोहरावे के मउका बा।

वनडे सीरीज खातीर दुनु टीमन के स्क्वाड

भारतीय टीम: केएल राहुल (कप्तान आ विकेटकीपर), रुतुराज गायकवाड़, साई सुदर्शन, तिलक वर्मा, रिंकू सिंह, संजू सैमसन (विकेटकीपर), अक्षर पटेल, अर्शदीप सिंह, आवेश खान, कुलदीप यादव, मुकेश कुमार, आकाश दीप, युजवेंद्र चहल, रजत पाटीदार, वॉशिंगटन सुंदर।

साउथ अफ्रीका टीम: एडेन मार्कराम (कप्तान), हेनरिक क्लासेन (विकेटकीपर), रीजा हेंड्रिक्स, टोनी डी जोरजी, रासी वैन डेर डुसेन, डेविड मिलर, वियान मुल्डर, एंडिले फेहलुकवायो, केशव महाराज, नंद्रे बर्गर, तबरेज शम्सी, लिजाद विलियम्स, काइल वेरिन (विकेटकीपर), ओटनील बार्टमैन, मिहलाली म्पोंगवाना।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.