टीबी कॉन्फ्रेस में राष्ट्रीय स्तर के प्रख्यात चिकित्सक लिहल लो भाग, टीबी अपडेट पs भइल चरचा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

छपरा। शहर के प्रेक्षागृह में टीवी अपडेट कॉन्फ्रेंस में इंडियन चेस्ट सोसाइटी बिहार चैप्टर में बिहार के डॉक्टर लोग टीबी अपडेट कार्यक्रम में भाग लिहल। कार्यक्रम में यक्ष्मा रोग पs सब डॉक्टर लोग विस्तार से

Share

टीबी कॉन्फ्रेंस के शुभारंभ करत मुख्य अतिथि लोग।

छपरा। शहर के प्रेक्षागृह में टीवी अपडेट कॉन्फ्रेंस में इंडियन चेस्ट सोसाइटी बिहार चैप्टर में बिहार के डॉक्टर लोग टीबी अपडेट कार्यक्रम में भाग लिहल। कार्यक्रम में यक्ष्मा रोग पs सब डॉक्टर लोग विस्तार से प्रकाश डालल। कार्यक्रम के सुरुआत चीफ गेस्ट के ओर से दीप प्रज्वलित कs के कइल गइल। सीपीएस स्कूल के छात्रा लोग के ओर से स्वागत गान गावल गइल।

एपीआई आ आइएमए के सहजोग से एह कॉन्फ्रेंस के सफल आयोजन कइल गइल। टीवी पs राज्य स्तरीय कॉन्फ्रेंस में राज्य स्तर के फिजिशियन आ फेफड़ा रोग विशेषज्ञ भाग लिहल लो। सब विशेषज्ञ डॉक्टर अपना ज्ञान के एह कॉन्फ्रेंस में साझा कइल लो। टीवी के कइसे कंट्रोल कइल जई। एकरा पs विशेष रूप से बतावल गइल।

एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि एसोसिएशन ऑफ फिजिशियन ऑफ इंडिया के डिन डॉक्टर कमलेश तिवारी, डॉ. राकेश कुमार हेड WHO टी वी विंग‌ बिहार, डॉ. दीपेंद्र कुमार राय अध्यक्ष आईसीएस बिहार, डॉ. सुधीर कुमार सेक्रेटरी आईसीएस, बिहार, डॉ. सी एन गुप्ता एमएलए छपरा, डॉ. सागर दुलाल सिंह सिविल सर्जन छपरा, डॉ. मेजर मधुकर प्रेसिडेंट आई एम ए छपरा, डॉ. सुधीर कुमार सिंह प्रेसिडेंट आईएमए सारण सेंट्रल आदि चीफ गेस्ट एह कार्यक्रम के संबोधित कइल लो।

राज्य के अलग-अलग मेडिकल कॉलेजन से विभागीय प्रोफेसर आ संगही पीजी स्टूडेंट ने एह कॉन्फ्रेंस में भाग लिहल लो। एह कांफ्रेंस के आयोजन शहर के सुप्रसिद्ध चिकित्सक डॉ. राजीव रंजन कइलें। सभे गेस्ट के डॉ. राजीव रंजन के ओर से सोल आ पवधा से सम्मानित कइल गइल। मंच के संचालन डॉक्टर महिमा पांडे के ओर से कइल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.