Tata Motors Car Price Hike : 1 सितंबर से महंगा होई कार, ₹25 हजार तक बढ़ी कीमत

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2026

बिजनेस डेस्क। जदि रउरा टाटा मोर्टस के कार भा एसयूवी किने के प्लान बना रहल बानी, तs ई खबर रउरा खातिर जरूरी बा। Tata Motors Passenger Vehicles Limited (TMPV) कार के दाम बढ़ावे के एलान

Share

बिजनेस डेस्क। जदि रउरा टाटा मोर्टस के कार भा एसयूवी किने के प्लान बना रहल बानी, तs ई खबर रउरा खातिर जरूरी बा। Tata Motors Passenger Vehicles Limited (TMPV) कार के दाम बढ़ावे के एलान कइले बा। कंपनी के माेताबिक, 1 सितंबर 2026 से Tटाटा मोर्टस के कार आ एसयूवी के कीमत ₹25,000 तक बढ़ सकेला।

कंपनी के ई नया कीमत बढ़न्ती आईसीई माने पेट्रोल-डीजल इंजन वाली गाड़ी आ ईवी माने इलेक्ट्रिक कार, दुनो पs लागू होई। हालांकि, हर मॉडल आ वैरिएंट पs कीमत में बढन्ती एक समान ना होई।

1 सितंबर से लागू होई नया कीमत

Tata Motors Passenger Vehicles Limited के मोताबिक, कार के नया कीमत 1 सितंबर 2026 से लागू कइल जाई। कंपनी मॉडल आ वैरिएंट के हिसाब से कीमत में अलग-अलग बढ़न्ती करी।

एकरा से टाटा मोर्टस के कार किने के तइयारी कs रहल ग्राहकन के अब बढ़ल कीमत चुकावे के पड़ सकेला। कंपनी के कहनाम बा कि कीमत में बदलाव के बादो हर गाड़ी के कुल वैल्यू के धेयान में रखल गइल बा।

ग्राहकन पs का पड़ी असर?

कार के कीमत बढ़ला से नया कार किने वाला ग्राहकन के बजट पs सीधा असर पड़ सकेला। खासकर ऊ लोग जे सितंबर में कार किने के योजना बनावत रहे, ओकरा खातिर बढ़ल कीमत के धेयान में रखे के जरूरत होई।

जदि ग्राहक 1 सितंबर से पहिले कार किनत बा लो, तs ओकर भुगतान आ बुकिंग के शर्त संबंधित डीलरशिप से जरूर जांच लेवे के चाहीं।

Read Also: UP IPS Transfer : यूपी में 9 IPS अफसरन के तबादला, केके बिश्नोई के मिलल बिजनौर के कमान

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.