UP IPS Transfer : यूपी में 9 IPS अफसरन के तबादला, केके बिश्नोई के मिलल बिजनौर के कमान

Share

लखनऊ : उत्तर प्रदेश में पुलिस विभाग में एक बेर फेर बड़ फेरबदल कइल गइल बा। योगी सरकार के निरदेस पs प्रदेश के 9 IPS अधिकारियन के तबादला कइल गइल बा। तबादला सूची में चर्चित आईपीएस अधिकारी केके बिश्नोई, मेरठ के एसएसपी अविनाश पांडे आ सुल्तानपुर के एसपी चारु निगम सहित कइयन गो अधिकारी सामिल बा लो।

बियफे के जारी भइल तबादला सूची के बाद कइयन जिला के पुलिस कप्तान बदल गइल बा लो। एह फेरबदल के तहत केके बिश्नोई के संभल से हटाके बिजनौर के पुलिस अधीक्षक के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

मेरठ के एसएसपी अविनाश पांडे के तबादला

मेरठ के एसएसपी अविनाश पांडे के तबादला कइल गइल बा। कुछ दिन पहिले पुलिस वैन में घुस के एगो प्रदर्शनकारी के थप्पड़ मारे के घटना के बाद ऊ चरचा में आ गइल रहलें।

अब अविनाश पांडे के पुलिस महानिदेशक मुख्यालय में पुलिस अधीक्षक पद पs संबद्ध कइल गइल बा। उनका जगह पs BBGTS मूर्ति के मेरठ के नया एसएसपी बनावल गइल बा।

चारु निगम के सुल्तानपुर से हटावल गइल

सुल्तानपुर के एसपी चारु निगम के तबादला कइल गइल बा। उनका के सुल्तानपुर से हटाके UP 112 लखनऊ में पुलिस अधीक्षक के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। उनका जगह पs आईपीएस अधिकारी विनीत जायसवाल के सुल्तानपुर के नया पुलिस अधीक्षक बनावल गइल बा। विनीत जायसवाल एकरा से पहिले गोंडा के एसपी रहलें।

विनीत जायसवाल के जगह गोंडा में नया एसपी

विनीत जायसवाल के तबादला सुल्तानपुर होखला के बाद गोंडा के एसपी पद पs फेरबदल कइल गइल बा। बिजनौर के पुलिस अधीक्षक अभिषेक झा के गोंडा के नया एसपी बनावल गइल बा।

केके बिश्नोई के मिलल बिजनौर के कमान

2018 बैच के चर्चित आईपीएस अधिकारी केके बिश्नोई के संभल के एसपी पद से हटाके बिजनौर के एसपी बनावल गइल बा। केके बिश्नोई संभल में अपना कार्यकाल के दौरान कइयन गो महत्वपूर्ण पुलिस कार्रवाई के चलते चरचा में रहल बाड़ें।

ओहिजा, विकास चंद्र त्रिपाठी के पहिला बेर पुलिस कप्तान के जिम्मेदारी मिलल बा। उनका के संभल के नया एसपी बनावल गइल बा। विकास चंद्र त्रिपाठी एकरा से पहिले बाराबंकी में पुलिस अधीक्षक पद पs तैनात रहलें।

विकास कुमार के झांसी के जिम्मेदारी

2017 बैच के आईपीएस अधिकारी विकास कुमार के बलरामपुर एसपी पद से हटाके झांसी के नया एसएसपी बनावल गइल बा। ओहिजा आईपीएस अधिकारी मार्तंड प्रकाश सिंह के बलरामपुर के एसपी के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। मार्तंड प्रकाश सिंह एकरा से पहिले हरदोई में अपर पुलिस अधीक्षक पद पs तैनात रहलें।

Read Also: Mumbai Crane Accident : मुंबई में कुर्ला-ट्रॉम्बे रूट पs क्रेन हादसा, 8 लोग घायल

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-