India Post : केंद्र सरकार छव शहरन से सुरू कइलस समय बचावे वाली नया स्पीड पोस्ट सेवा, देरी पs मिली मनी बैक गारंटी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2026

नई दिल्ली। केंद्रीय संचार मंत्री ज्योतिरादित्य सिंधिया डाक विभाग के नया प्रीमियम सेवा के सुरुआत कइलस। एह सेवा के नाम ‘24 स्पीड पोस्ट’, ‘24 स्पीड पोस्ट पार्सल’ आ ‘48 स्पीड पोस्ट’ रखल गइल बा। एकर

Share

नई दिल्ली। केंद्रीय संचार मंत्री ज्योतिरादित्य सिंधिया डाक विभाग के नया प्रीमियम सेवा के सुरुआत कइलस। एह सेवा के नाम ‘24 स्पीड पोस्ट’, ‘24 स्पीड पोस्ट पार्सल’ आ ‘48 स्पीड पोस्ट’ रखल गइल बा। एकर मुख्य मकसद जरूरी सामान के डिलीवरी के तेज आ समय पs पहुंचावल बा।

मंत्री एह मवका पs इंडिया पोस्ट के जमके तारीफ कइलें। ऊ कहलें कि इंडिया पोस्ट के लगे दुनिया के सबसे बड़ आ मजबूत नेटवर्क बा। देस के करीब 6.5 लाख गांव के हर कोना में लोग जेतना भरोसा आपन परिवार पs करेला, ओतने भरोसा ग्रामीण डाक सेवा पs करेला। उनका हिसाब से ई इंडिया पोस्ट खातिर एगो नया सुरुआत हs।

मंत्री इहो बतवलें कि अब देस के आखिरी कोना तक स्मार्टफोन पहुंच गइल बा आ ई-कॉमर्स तेजी से बढ़ रहल बा। फिलहाल ई बाजार करीब 11 लाख करोड़ रुपिया के बा आ 2030 तक 30 लाख करोड़ रुपिया तक पहुंच जाये के उम्मेद बा। ऊ भरोसा जतवलें कि नया सेवा से आम लोग आ बेयपारी दुनो के फायदा होई। डाक विभाग अब समय के जरूरत के हिसाब से खुद के बदल रहल बा।

एह सेवा में सुविधा के संगे सुरक्षा पs खास धेयान दिहल गइल बा। ग्राहक के ओटीपी आधारित सुरक्षित डिलीवरी, एसएमएस अलर्ट आ पूरा ट्रैकिंग के सुविधा मिली। बेयपारी ग्राहक खातिर बाद में भुगतान, भारी बुकिंग पs फ्री पिकअप आ केंद्रीकृत बिलिंग जइसन सुविधा मिलत बा।

सुरुआती दौर में ई सेवा दिल्ली, मुंबई, चेन्नई, कोलकाता, बेंगलुरु आ हैदराबाद में सुरू कइल गइल बा। ‘24 स्पीड पोस्ट’ के तहत सामान अगिला दिने पहुंचा दिहल जाई। खास बात ई बा कि अगर डिलीवरी में देरी होई, तs ग्राहक के मनी बैक गारंटियो दिहल जाई।

Read Also: West Bengal Elections : चुनाव आयोग के बड़ फैसला, एक संगे बदलल जाई 13 जिलन के एसपी, कुल 19 अफसरन के तबादला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.