Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sushant Singh Rajput: सुसाइड ना, हत्या रहे सुशांत के मौत? मॉर्चरी सर्वेंट कइलस हैरान करे वाला खुलासा

2,259

बॉलीवुड एक्टर सुशांत सिंह राजपूत के मौत के गुत्थी अभी ले नइखे सुलझल। आइल दिन एकरा के लेके नया-नया खुलासा होत राlहेला। अब मुंबई के एगो मॉर्चरी सर्वेंट एक्टर के मौत के संबंध में एगो हैरान करे वाली टिप्पणी कइले बा। ओकर कहनाम बा कि सुशांत सिंह राजपूत के मौत आत्महत्या के वजह से ना भइल रहे। मुंबई के कूपर अस्पताल के मॉर्चरी सर्वेंट रुपकुमार शाह के कहनाम बा, ‘जब हम सुशांत सिंह राजपूत के शव देखनी तs ई आत्महत्या के ममिला ना लागल। उनका शरीर(देह) पsw चोट के निशान रहे। हम अपना सीनियर के लगे गइनी, बाकिर ऊ कहलें कि हमनी के बाद में एह पs चरचा कइल जाई।’

सुशांत सिंह राजपूत, फोटो(सोशल मीडिया)

 

एक्टर के मौत के करीब ढाई साल बाद रूपकुमार शाह नाम के शख्स के टिप्पणी सबकेहू के हैरान कs देले बा। रूपकुमार शाह के दावा बा कि जब सुशांत के पोस्टमार्टम भइल तs ऊ ओहिजा मवजूद रहस। न्यूज एजेंसी एएनआई से रूपकुमार शाह कहलें कि ऊ एह बारे में पहिलहू दु चैनलन से बात कर चुकल बाडें। ऊ आगे कहलें कि, हम एहिसे ई बोल रहल बानी काहेकि हम 14 आ 15 जून के ड्यूटी पs रहनी। काम करत रहनी। ओहि दौरान  एगो वीआईपी बॉडी आइल। वीआईपी बॉडी रहे एहिसे जादे लोग आइल। हमनी के अपना काम चालू रखनी सs। रात के करीब 11-12 बजे के लमसम सुशांत के बॉडी के पोस्टमार्टम के नंबर आइल।’

सुशांत सिंह राजपूत,फोटो (सोशल मीडिया)
सुशांत सिंह राजपूत,फोटो (सोशल मीडिया)

 

शाह आगे कहलें, ‘शव देखला के बाद पता चलल कि ई तs सुशांत सिंह राजपूत के बॉडी हs। हमनी के देखनी कि उनकर शव अलग दिखल। उनकर शव सुसाइड जइसन ना रहे। हम तुरंत अपना सीनियर से बात करे गइनी आ कहनी कि ‘सर ई अलग केस दिख रहल बा। काहेकि हमरा 28 साल के तजुर्बा बा।’ साहब कहलें, ‘हमनी के एह पs बाद में बात कइल जाई।’

सुशांत सिंह राजपूत,फोटो (सोशल मीडिया)

 

शाह आगे कहलें कि ‘हम देखनी कि सुसाइड के शव में फांसी के बाद जवन गर पs निशान होला, जवना के हैंगिंग मार्क बोलल जाला ऊ सुसाइड जइसन ना रहे। ऊ कुछ अलग-लेखा रहे। एकरा अलावे गोड़ आ हाथो पs अलग-अलग तरह के निशान रहे। ऊ एकदमे अलग रहे। हम अभी बता नइखी सकत।’ बता दीं कि एक्टर सुशांत सिंह राजपूत 14 जून 2020 के मुंबई इस्थित अपना अपार्टमेंट में मृत पावल गइल रहलें। उनकर मौत के आत्महत्या करार दिहल गइल रहे। एह ममिला में अभी ले जांच जारी बा।

420890cookie-checkSushant Singh Rajput: सुसाइड ना, हत्या रहे सुशांत के मौत? मॉर्चरी सर्वेंट कइलस हैरान करे वाला खुलासा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.