[the_ad_group id="30365"]

फुटबॉल कप्तान सुनील छेत्री छह जून के संन्यास लिहें : एह दिन कुवैत से मुकाबला; 2005 में भारत खातिर कइले रहस डेब्यू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय फुटबॉल टीम के कप्तान सुनील छेत्री इंटरनेशनल फुटबॉल से संन्यास के ऐलान कs देले बाड़ें। छेत्री एकर जानकारी 16 मई के अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs वीडियो शेयर कs के देलें। ऊ बतवलें कि ऊ आपन आखिरी मुकाबला छह जून के कुवैत के खिलाफ खेलिहें।

छेत्री वीडियो शेयर कइलें

छेत्री वीडियो में कहलें, हम अपना माई-बाउजी आ पत्नी के सबसे पहिले एह फैसला के बारे में बतवलें। हमार बाबूजी खुश रहस, बाकिर हमार माई आ पत्नी रोवे लागल लो।

2005 में भारत खातिर कइले रहस डेब्यू

सुनील छेत्री भारत खातिर साल 2005 में सीनियर टीम में डेब्यू कइले रहस। बाईचुंग भूटिया के बाद ऊ टीम के कमान संभरलें। ऊ भारत खातिर 150 मैचन में 94 गोल कइले बाड़ें।

छेत्री के वीडियो पs कोहली कइलें कमेंट

सुनील छेत्री के पोस्ट पs भारत के स्टार बैटर विराट कोहली कमेंट कइलें। ऊ लिखलें, ‘हमार भाई, हमरा तहरा पs गर्व बा।’ छेत्री के ई वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]