Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कम्पनी भइल हैरान : 12 घंटा से कम्मे समय में 70 हजार से अधिका भारतीय लोग बुक कइल ई फोन

एन्ना कम समय में एतना बुकिंग कम्पनियो के हैरानी में डार देहले बा| जानीं पूरा खबर

197
सीवान इन्शुरेंस 720 90

समसंग के S22 सीरिज के फोन के लोग के बीचे में लोकप्रियता बढ़त जात बा| एकरे लोकप्रियता के अंदाजा एही बात से लगावल जा सकsला कि एह सीरीज के एगो फोन एगो नया फ्लैगशिप रिकॉर्ड बना लेहले बा। समसंग के अनुसार, कंपनी  12 घंटे से कम्मे समय में 70,000 से अधिका प्री-बुकिंग पा गइल बा। भारत में गैलेक्सी S22 सीरीज के प्री-बुकिंग 23 फरवरी से सुरू हो चुकल बा।

सैमसंग इंडिया के सीनियर डायरेक्टर अउर हेड ऑफ प्रोडक्ट मार्केटिंग आदित्य बब्बर कहलें कि नवका गैलेक्सी S22 सीरीज के मीलल जबरदस्त प्रतिक्रिया खातिर हम अपने उपभोक्तन के आभारी बानी। गैलेक्सी S22 सीरीज खातिर प्री-ऑर्डर बेहद उछाह भरे आला बा अउर हम अपने ग्राहकन के ई डिवाइस जल्दी से जल्दी उपलब्ध करवले खातिर ठाढ़ बानीं जा|

Middle Yayawari
221600cookie-checkकम्पनी भइल हैरान : 12 घंटा से कम्मे समय में 70 हजार से अधिका भारतीय लोग बुक कइल ई फोन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.