कम्पनी भइल हैरान : 12 घंटा से कम्मे समय में 70 हजार से अधिका भारतीय लोग बुक कइल ई फोन

Share

समसंग के S22 सीरिज के फोन के लोग के बीचे में लोकप्रियता बढ़त जात बा| एकरे लोकप्रियता के अंदाजा एही बात से लगावल जा सकsला कि एह सीरीज के एगो फोन एगो नया फ्लैगशिप रिकॉर्ड बना लेहले बा। समसंग के अनुसार, कंपनी  12 घंटे से कम्मे समय में 70,000 से अधिका प्री-बुकिंग पा गइल बा। भारत में गैलेक्सी S22 सीरीज के प्री-बुकिंग 23 फरवरी से सुरू हो चुकल बा।

सैमसंग इंडिया के सीनियर डायरेक्टर अउर हेड ऑफ प्रोडक्ट मार्केटिंग आदित्य बब्बर कहलें कि नवका गैलेक्सी S22 सीरीज के मीलल जबरदस्त प्रतिक्रिया खातिर हम अपने उपभोक्तन के आभारी बानी। गैलेक्सी S22 सीरीज खातिर प्री-ऑर्डर बेहद उछाह भरे आला बा अउर हम अपने ग्राहकन के ई डिवाइस जल्दी से जल्दी उपलब्ध करवले खातिर ठाढ़ बानीं जा|

- Sponsored Ads-

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-