Hair Fall : तेजी से झड़त बा बाल? तs तुरंते छोड़ दीं ई 4 चीज, ना तs महंगा दवाइयन तक से ना रुकी हेयर फॉल

By Shweta Supriya

Published on: Jan 7, 2026

नई दिल्ली। ए घरी भाग-दउड़ वाली जिनगी, प्रदूषण आ खराब खान-पान के चलते बाल झड़ल आम समस्या बन गइल बा। लोग हजारन रुपिया शैम्पू, तेल आ हेयर ट्रीटमेंट में उड़ा देत बा, बाकिर आपन खुराक

Share

Foods that cause hair fall and healthy diet options for strong hair

नई दिल्ली। ए घरी भाग-दउड़ वाली जिनगी, प्रदूषण आ खराब खान-पान के चलते बाल झड़ल आम समस्या बन गइल बा। लोग हजारन रुपिया शैम्पू, तेल आ हेयर ट्रीटमेंट में उड़ा देत बा, बाकिर आपन खुराक (डाइट) पs ध्याने नइखे देत। जबकि सांचो इहो बा कि बाल झड़ला के असली कारण रसोई में छुपल हो सकेला।

हमनी के जवन खायेनी-पियेनी सs ओकर सीधा असर बाल के सेहत पs पड़ेला। जदि रउओ गिरत बाल से परेसान बानी, तs किचन में मवजूद कुछ चीजन से तुरंत दूरी बना लीं। आईं जानीं ऊ फूड्स, जवन बाल खातिर दुश्मन साबित होत बा।

चीनी

चीनी खाली वजन ना बढ़ावे, बलुक बाल झड़े के बड़ कारणो हs। जादे मीठा खइला से देह में इंसुलिन लेवल बढ़ जाला। बढ़ल इंसुलिन से एंड्रोजन हार्मोन एक्टिव हो जाला, जवन बाल के जड़ (फॉलिकल) सिकोड़ देला। एकरा से बाल पतला होके टूटे लागेला। संगे-संगे चीनी स्कैल्प में सूजन पैदा करेला, जवन बाल के जड़ कमजोर बना देला।

हाई-ग्लाइसेमिक फूड्स

मैदा से बनल चीज जइसे पिज्जा, पास्ता, सफेद ब्रेड आ रिफाइंड कार्ब्स देह में शुगर तेजी से बढ़ा देला। एकरा से हार्मोनल असंतुलन हो जाला आ समय से पहिले बाल झड़ल आ गंजापन के खतरा बढ़ जाला। एकरा जगह पs होल ग्रेन अपनावल बेहतर बा।

डाइट सोडा आ आर्टिफिशियल स्वीटनर

वजन घटावे के चक्कर में कइयन गो लोग डाइट सोडा आ शुगर-फ्री चीज खाये लागेला। एमे मिलल आर्टिफिशियल स्वीटनर बाल के जड़ नुकसान पहुंचावेला आ स्कैल्प के सेहत बिगाड़ देला। जादा कोल्ड ड्रिंक पियला से बाल के चमक खत्म हो जाला आ ऊ जड़ से कमजोर हो जाला।

शराब आ कैफीन

शराब देह के डिहाइड्रेट कs देला। पानी के कमी से बाल सूख जाला आ टूटे लागेला। शराब जिंक के स्तरो घटा देला, जवन बाल बढ़े खातिर जरूरी मिनरल हs। ओही तरे बहुते जादे चाय-कॉफी पियला से पोषक तत्व के अब्जॉर्प्शन पs असर पड़ेला।

तs फेर का खाईं?

खाली नुकसानदेह चीज छोड़ल बहुत नइखे, कुछ बढ़िया चीज डाइट में जोड़लाे जरूरी बा-

  • प्रोटीन: अंडा, दाल, पनीर
  • आयरन: पालक, मेथी, अनार
  • ओमेगा-3: अखरोट, अलसी के बीज

सही खान-पान अपनाईं, तबे बाल मजबूत, घना आ चमकदार बनी।

Read Also: Karnataka : महिला भाजपा कार्यकर्ता से पुलिस झड़प, हिरासत में कपड़ा फाड़े के आरोप

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.