[the_ad_group id="30365"]

भोजपुर में हीट स्ट्रोक से लईकी के मौत: डिहाइड्रेशन के रहे शिकार, अचानक बिगड़ल तबियत; संगही बड़ बहिन के हालत खराब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भोजपुर में भीषण गरमी के सितम जारी बा। लगभग एक सप्ताह से भोजपुर जिला के पारा 42 डिग्री से 44 डिग्री के बीच रह रहल बा। ओहिजा मौसम विभाग द्वारा शाहबाद समेत आधा दर्जन जिलन में गरमी के लेके रेड जोन आ हाई अलर्ट पs रखल गइल बा। अइसन में लईकन, बुजुर्गन के तबियत लगातार खराब हो रहल बा।

ताजा ममिला जिला के मुफस्सिल थाना क्षेत्र के छोटकी सनदिया गांव के हs। जहां अचानक तबीयत बिगड़ला से एगो लईकी के मौत हो गइल। इलाज के दौरान सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में ऊ दम तुड़ देलस। लईकी के मौत हीट स्ट्रोक के वजह से भइल बा। जबकि ओकर दूसरको बहिन के हालत बहुते गंभीर बनल बा। घटना के लेके लोगन के बीच अफरा-तफरी के आलम रहल।

बच्ची के मौत के बाद मां का रो रोके बुरा हाल

जानकारी के अनुसार मृत बच्ची मुफस्सिल थाना क्षेत्र के छिटकी सनदिया गांव निवासी विक्की चौधरी के 6 साल के पुत्री राखी कुमारी हई। ओहिजा ओकर बड़ बहिन सोनाली कुमारी के गंभीर हालत मे सदर अस्पताल में इलाज करावल जा रहल बा। जबकि परिजन द्वारा डायरिया के कारण एगो मौत होखला के आशंका जतावल जा रहल बा। मृत बच्ची राखी कुमारी के चाचा पप्पू चौधरी बतवलें कि काल्ह दुनो के अचानक उल्टी आ दस्त होखे लागल आ देखते देखत दुनो के हालत बहुते बिगड़ गइल।

जवना के बाद परिजनन द्वारा दुनो के इलाज खातिर आरा सदर अस्पताल ले आवल गइल। जहां प्राथमिक उपचार के बाद परिजन द्वारा सनीचर के सबेरे दुनो लईकियन के इलाज खातिर शहर के निजी अस्पताल ले जाइल गइल। जहां प्राइवेट चिकित्सक द्वारा बतावल गइल कि दुनो के डायरिया हो गइल  बा। एकरा बाद परिजन दुनो के वापस आरा सदर अस्पताल ले आइल लो।

बड़ बहिन के हालत नाजुक

इलाज के दौरान राखी कुमारी के मौत हो गइल। ओहिजा ओकर बड़ बहिन सलोनी कुमारी के गंभीर हालत में आरा सदर अस्पताल में इलाज करावल जा रहल बा। एकरा बाद परिजन अपना स्वेच्छा से ओकरा शव के वापस गांव ले गइल लो। ओहिजा सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में मवजूद ऑन ड्यूटी चिकित्सक डॉ.आशुतोष कुमार बतवलें कि दुनो के डिहाइड्रेशन रहे। जवना के कारण ओकर मौत हो गइल।

ओहिजा ओकर दूसरकी बहिन सलोनी कुमारी के इस्थिति अभी स्टेबल बा। बतावल जात बा कि मृतक लईकी अपना तीन बहिनन में दूसरका स्थान पs रहे। मृत लईकी के मां मीरा देवी आ दु गो बहिन सलोनी कुमारी, छोटी कुमारी आ एगो भाई विवेक कुमार बाड़ें। घटना के बाद मृत बच्ची के घर में कोहराम मच गइल बा। एह घटना के बाद मृत लईकी के मां मीरा देवी आ परिवार के सब सदस्यन के रो-रोके बुरा हाल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]