[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: एमएलसी के भांजी फंदा लगा के कइलस खुदकुशी

Gorakhpur News: crime news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के संत कबीर नगर निवासी एगो छात्रा आत्महत्या कs लेले बिया। शहर के बेतियाहाता के एगो कोचिंग सेंटर में जेई के पढ़ाई करत रहली। उs इलाका के सत्यदीप गर्ल्स हॉस्टल में अपना साथी छात्रा के संगे कमरा साझा करत रहली।

बुध के दुपहरिया में छात्रा के शव कमरा के पंखा से लटकल मिलल। अदिति संत कबीर नगर के मेंहदावाल थाना क्षेत्र के मिश्रौलिया निवासी रहे। जानकारी के मुताबिक दोसर रूममेट लईकी कवनो काम खातीर कमरा से बहरी गईल रहे।

इहो पढ़ीं: Lifestyle: नींबू से दांत कइसे साफ करीं? सफेद आ चमकदार दांत खातीर अपनाई इs असरदार तरीका

जब उs वापस अईली तs उनुका कमरा के दरवाजा बंद मिलल। उs एकरा बारे में जिम्मेदार लोग के जानकारी देले। गेट टूटला पs अदिति के शव भीतर पंखा से लटकल मिलल। मौका पs पहुंचल पुलिस शव के अपना कब्जा में लेके पीएम खातीर भेज देलस।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]