Earthquake: कोलकाता में आइल भूकंप के तेज झटका से कांपल धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2025

मंगल के सबेरे कोलकाता में 5.1 तीव्रता के भूकंप आईल।  भूकंप के केन्द्र बंगाल के खाड़ी में अवुरी 91 किलोमीटर गहराई पs रहे।  कोलकाता के नजदीक आईल भूकंप के राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र के ओर

Share

कोलकाता में आइल भूकंप

मंगल के सबेरे कोलकाता में 5.1 तीव्रता के भूकंप आईल।  भूकंप के केन्द्र बंगाल के खाड़ी में अवुरी 91 किलोमीटर गहराई पs रहे।  कोलकाता के नजदीक आईल भूकंप के राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र के ओर से पुष्टि भईल बा। एकरा अलावे पिछला 24 घंटा में केमैन द्वीप समूह अवुरी होंडुरास के बीच समुद्र में दुगो भूकंप आईल बा, जवना में से दूसरा भूकंप सोमवार के दुपहरिया 3:08 बजे आईल बा। भूकंप पs नजर राखे वाला अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण के मुताबिक, सोमार के ग्रांड केमैन से करीब 239 किलोमीटर (147.5 मील) दक्षिण-पश्चिम में 10 किमी (6.2 मील) गहराई पs 5.4 तीव्रता के भूकंप आईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खतरा प्रबंधन केमैन द्वीप समूह के कहल बा कि ऊ एह हालात पs बारीकी से नजर राखत बा. फिलहाल सुनामी के कवनो चेतावनी जारी नईखे भईल। बता दीं कि अतवार के साँझ साढ़े सात बजे भइल दुसरका झटका 4.9 तीव्रता के रहल जवन ग्रांड केमैन से करीब 242 किमी दूर 10 किमी गहिराई में दर्ज भइल.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.