[the_ad_group id="30365"]

STET 2024 के परीक्षा स्थगति , सारण जिला के चार केंद्र पs होखे वाला रहे परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण जिला के 4 परीक्षा केन्द्रों पs दिनांक 22 मई एवं 23 मई के आयोजित होखे वाला माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा (STET) – 2024 (प्रथम) अपरिहार्य कारणन से स्थगित कs देवल गइल बा।

लोकसभा चुनाव के मतदान के पांचवा चरण के दउरान सारण में भाजपा राजद के बीच हिंसात्मक गतिविधि भइल ओकरा बाद जिला प्रशासन तत्काल दु दिन ला जिला में इंटरनेट सेवा बंद कs देहल गइल बा।

बाकी परीक्षा स्थगित के कारण जिला प्रशासन अपरिहार्य कारण बतावत बिया ।

जिला प्रशासन अपना X हैंडल से काल दिनाक  21 may के राती तकरीबन 8 :12 pm पs परीक्षा के स्थगित होखे के घोषणा कइलस। हालाकि ई परीक्षा कब होई कइसे होई एकर तत्कालीन कवनो जानकारी नइखे आइल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]