[the_ad_group id="30365"]

Malaysia Masters: श्रीकांत छव साल बाद कवनो BWF वर्ल्ड टूर के फाइनल में, जापान के युशी के सीधे गेमन में हरवलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: भारतीय बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत सनीचर के मलयेशिया मास्टर्स सुपर 500 बैडमिंटन टूर्नामेंट में जापान के युशी टनाका पs सीधा गेम में जीत दर्ज कs के छव साल में पहिला बेर बीडब्ल्यूएफ टूर्नामेंट के पुरुष एकल फाइनल में प्रवेश कइलें। 2023 विश्व चैंपियनशिप के रजत पदक विजेता श्रीकांत सानदार खेल के प्रदर्शन करत सटीक नेट प्ले आ आक्रामक खेल के बदौलत दुनिया के 23वां नंबर के खिलाड़ी टनाका के 21-18, 24-22 से शिकस्त देलें।

श्रीकांत 2019 इंडिया ओपन में उपविजेता रहल रहलें आ एकरा बाद से एह 32 साल के खिलाड़ी के बीडब्ल्यूएफ वर्ल्ड टूर में पहिला फाइनल हs। ऊ 2017 में चार खिताब जीतले रहस। पूर्व विश्व नंबर एक खिलाड़ी श्रीकांत पिछला कुछ सत्र में खराब फॉर्म आ फिटनेस के दौर से गुजर रहल बाड़ें, जवना से अब ऊ विश्व रैंकिंग में 65वां स्थान पs मवजूद बाड़ें।

मलयेशिया मास्टर में श्रीकांत के सफर

एकरा पहिले श्रीकांत अपना से ऊंच रैंकिंग के फ्रांस के टोमा जूनियर पोपोव पs तीन गेम में जीत दर्ज कs के अंतिम चार के टिकट कटवले रहस। 65वीं रैंकिंग पs काबिज श्रीकांत क्वार्टर फाइनल में दुनिया के 18वां नंबर के पोपोव के कड़ा टक्कर देत एक घंटा 14 मिनट में 24-22, 17-21, 22-20 से शिकस्त देलें। ओकरा पहिले श्रीकांत दुनिया के 33वां नंबर के खिलाड़ी गुयेन के खिलाफ प्री-क्वार्टर फाइनल में 59 मिनट तक चलल मुकाबला में 23-21, 21-17 से जीत हासिल कइले रहस। ओहिजा, मुख्य ड्रॉ में जगह बनावे खातिर श्रीकांत चीनी ताइपे के हुआंग यू काई के 9-21, 21-12, 21-6 से हरवले रहस।

Read Also: India Test Squad For England: भारतीय टेस्ट टीम के भइल एलान, शुभमन गिल के मिलल कप्तानी, पंत उपकप्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]