Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

श्रीलंका क्रिकेट में पहिला बेर कइलस इ बड़ कारनामा, बांग्लादेश के हरवते रचलस इतिहास

एशिया कप 2023 के दुसरका मैच में श्रीलंका बांग्लादेश के 5 विकेट से हरा दिहलस। श्रीलंका के टीम एह मैच के जीत के बहुते बढ़िया काम कइले बिया। 

1,420

 

एशिया कप 2023 के दुसरका मैच में श्रीलंका के टीम शानदार तरीका से बांग्लादेश के 5 विकेट से हरा दिहलस। श्रीलंका खातिर गेंदबाज गजब के प्रदर्शन कइले। महेश तीक्ष्णा आ मतीशा पथिराना के प्रदर्शन गजब के रहल। एह दुनु का चलते बांग्लादेश बड़हन गोल ना कर पवलसि आ पूरा टीम 164 रन पs ऑल आउट हो गइल। एह मैच में श्रीलंका के टीम दू गो बड़हन रिकार्ड बनवलस।

श्रीलंका कमाल कइलस

श्रीलंका लगातार 11 गो वनडे में विपक्षी टीम के आउट कs दिहले बा जवन सबले बेसी बा। पिछला 11 गो वनडे मैचन में श्रीलंका अफगानिस्तान के दू बेर, नीदरलैंड के दू बेर, यूएई, ओमान, आयरलैंड, स्कॉटलैंड, जिम्बाब्वे, वेस्टइंडीज आ बांग्लादेश के हरा चुकल बा। श्रीलंका से पहिले आस्ट्रेलिया साल 2009-2010 के बीच लगातार दस गो वनडे मैचन में विपक्षी टीम के ऑल आउट कs चुकल बा। पाकिस्तान के टीम तीन नंबर पs बा।

जवन टीम लगातार अधिकतर वनडे मैच में विपक्षी टीम के आउट कs चुकल बा। 

11 मैच – श्रीलंका (2023)

10 मैच – ऑस्ट्रेलिया (2009-2010)

10 मैच – दक्षिण अफ्रीका (2013-2014)

9 मैच – पाकिस्तान (1999-2000)

9 मैच – पाकिस्तान (1996)

पहिला बेर कइले इ कारनामा

क्रिकेट के इतिहास में पहिला बेर श्रीलंका लगातार 11 गो वनडे मैच जीतले बा। साल 2004 के दौरान श्रीलंका लगातार दस गो वनडे मैच जीतले रहुवे। बांग्लादेश के खिलाफ श्रीलंका के खिलाड़ी शानदार प्रदर्शन कइले। बांग्लादेश के कप्तान शाकिब अल हसन टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइलन जवन गलत साबित भइल। नजमुल हसन शांति के छोड़ के कवनो खिलाड़ी बांग्लादेश खातिर बड़हन पारी ना खेल पवलस। श्रीलंका खातिर महेश तीक्ष्णा आ मतीशा पथिराना शानदार गेंदबाजी कइलन। पथिराना 32 रन पs 4 विकेट लेले। जबकि, तीक्ष्णा 2 विकेट लेले। बांग्लादेश श्रीलंका के जीते खातिर 165 रन के लक्ष्य दिहलस जवना के श्रीलंका टीम 5 विकेट गँवा के आसानी से हासिल कs लिहलस।

श्रीलंका खातिर वनडे मैच में लगातार सबसे जादा जीत

11 मैच – (जून 2023 – जारी)

10 मैच – (फरवरी 2004 – जुलाई 2004)

10 मैच – (दिसंबर 2013 – मई 2014)

 

 

 

 

 

 

634150cookie-checkश्रीलंका क्रिकेट में पहिला बेर कइलस इ बड़ कारनामा, बांग्लादेश के हरवते रचलस इतिहास

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.