Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Asia Cup 2022, SL vs BAN T20: रोमांचक मुकाबला के दु विकेट से जीतके श्रीलंका सुपर-4 में, बांग्लादेश एशिया कप से बाहर

एह जीत के साथे श्रीलंका सुपर-4 खातिर क्वालिफाई कs लेले बा। ओहिजा, बांग्लादेश के टीम एशिया कप से बाहर होखे वाला पहिला टीम बन गइल बिया। अब सुपर-4 के तीन टीम मिल चुकल बा। श्रीलंका से पहिले ग्रुप-ए से भारत क्वालिफाई कs चुकल बा। ओहिजा, ग्रुप-बी से अफगानिस्तान आ श्रीलंका सुपर-4 खातिर क्वालिफाई कइलस।

351

श्रीलंका ग्रुप-बी के आखिरी मैच में बांग्लादेश के दु विकेट से हरा देलस। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत बांग्लादेश 20 ओवर में सात विकेट गंवाके 183 रन बनवलस। बांग्लादेश के ओर से सबसे ज्यादा रन अफीफ हुसैन बनवले। ऊ 39 रन के पारी खेलले। जवाब में श्रीलंका  19.2 ओवर में आठ विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लेलस। श्रीलंका खातिर कुसाल मेंडिस 37 गेना में 60 रन के पारी खेलले। ओहिजा, कप्तान दासुन शनाका 33 गेना में 45 रन बनवले।

एह जीत के साथे श्रीलंका सुपर-4 खातिर क्वालिफाई कs लेले बा। ओहिजा, बांग्लादेश के टीम एशिया कप से बाहर होखे वाला पहिला टीम बन गइल बिया। अब सुपर-4 के तीन टीम मिल चुकल बा। श्रीलंका से पहिले ग्रुप-ए से भारत क्वालिफाई कs चुकल बा। ओहिजा, ग्रुप-बी से अफगानिस्तान आ श्रीलंका सुपर-4 खातिर क्वालिफाई कइलस। ग्रुप-ए के दूसर टीम सुक के मिली। पाकिस्तान आ हॉन्गकॉन्ग के बीचे सुक के मैच खेलल जाई।

ओहिजा सुपर-4 में चारों टीम एक-दोसरा से एक-एक बेर मैच खेली। तीन सितंबर के अफगानिस्तान आ श्रीलंका के बीच मैच खेल जाइल। भारतीय टीम अफगानिस्तान से छव सितंबर के आ श्रीलंका से आठ सितंबर के भिड़ी।

बांग्लादेश के पारी

बांग्लादेश के सुरुआत खराब रहल रहे। सब्बीर रहमान पांच रन बनाके आउट हो गइले। ओकरा बाद कप्तान शाकिब अल हसन आ मेंहदी हसन मिराज दूसरा विकेट खातिर 39 रन के साझेदारी निभावल लो। मिराज 26 गेना में दु चौका आ दु छक्का के मदद से 38 रन बनाके पवेलियन लवटले। मुशफिकुर रहीम कुछ खास ना कs सकले आ चार रन बनाके आउट हो गइले। कप्तान शाकिब कुछ अच्छा शॉट्स जरूर लगवले, बाकिर 22 गेना में 24 रन बनाके पवेलियन लवट गइले।

एकरा बाद अफीफ हुसैन आ महमूदुल्लाह पांचवां विकेट खातिर 57 रन के साझेदारी निभावल लो। अफीफ 39 रन बनाके मधुशंका के गेंद पs हसरंगा के कैच थमा बइठले। महमूदुल्लाह 22 गेना में एक चौका आ एक छक्का के मदस से 27 रन बनाके आउट भइले। मोसाद्दक हुसैन आ तास्किन अहमद बांग्लादेश के स्कोर के 183 रन तक पहुंचावल लो। श्रीलंका के ओर से हसरंगा आ करुणारत्ने  सबसे जादे दु-दु विकेट लिहल लो। ओहिजा, दिलशान मधुशंका, महेश तीक्ष्णा आ असिथा फर्नांडो के एक-एक विकेट मिलल।

श्रीलंका के पारी

184 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल श्रीलंकाई टीम के सुरुआत अच्छा रहल। पाथुम निसांका आ कुसाल मेंडिस के बीचे 45 रन के ओपनिंग पार्टनरशिप भइल। आपन पहिला टी-20 खेल रहल इबादत हुसैन छठा ओवर में श्रीलंका के दु गो झटका देले। ऊ अपना पहिला ओवर में पहिले पाथुम निसांका के मुस्तफिजुर रहमान के हाथों कैच करवले। निसांका 19 गेना में 20 रन बना सकले। एकरा बाद चरिथ असलंका के महमूदुल्लाह के हाथों कैच करवले। असलंका एक रन बना सकले।

एकरा बाद अपना दूसरा ओवर में इबादत दानुष्का गुनातिलाका के आउट कइले। गुनातिलाका छव गेना में 11 रन बना सकले। नौवां ओवर में तास्किन अहमद भानुका राजपक्षा के नईम के हाथों कैच करवले। राजपक्षा दु रन बना सकले। एकरा बाद कप्तान दासुन शनाका आ कुसाल मेंडिस पांचवां विकेट खातिर 54 रन के साझेदारी निभावल लो। मेंडिस टी-20 अंतरराष्ट्रीय करियर के छठा अर्धशतक लगवले। ऊ 37 गेना में चार चौका और तीन छक्का के मदद से 60 रन बनाके आउट भइले।

कप्तान शनाका आखिर में 33 गेना में तीन चौका आ दु छक्का के मदद से 45 रन बनवले। वानिंदु हसरंगा दु रन बनाके आउट भइले। आखिरी चार ओवर में श्रीलंका के 43 रन के जरूरत रहे। 18वां ओवर में शनाका आउट हो गइले। आखिरी दु ओवर में श्रीलंका के 25 रन के दरकार रहे। 19वां ओवर में श्रीलंका 17 रन बनवलस आ चमिका करुणारत्ने के विकेट गंववलस।

आखिरी ओवर में श्रीलंका के आठ रन चाहत रहे। पहिला गेना पs महेश तीक्षणा एक रन लेले। दूसरा गेना पs असिथा फर्नांडो ने चौका लगवले। तीसरा गेन पs दुनु बल्लेबाज ने दु रन लिहल। ई गेना नो बॉल रहल आ श्रीलंका दु विकेट से मैच जीत लेलस। करुणारत्ने 10 गेना में 16 रन बनाके आउट भइले। फर्नांडो तीन गेना में 10 रन के नाबाद पारी खेलले।

319470cookie-checkAsia Cup 2022, SL vs BAN T20: रोमांचक मुकाबला के दु विकेट से जीतके श्रीलंका सुपर-4 में, बांग्लादेश एशिया कप से बाहर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.