बलिया में एसपी के एक्शन: रिश्वत मांगला के मामला में दु गो सिपाही सस्पेंड

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

एसपी समझौता के बादो बलिया जिला में दुर्घटना में फंसल ई रिक्शा के छोड़े खातिर घूस मांगे वाला दु गो पुलिसकर्मी के निलंबित कऽ देले। उनका के लापरवाही, उदासीनता अउरी कर्तव्य के प्रति अनुशासनहीनता के

Share

एसपी समझौता के बादो बलिया जिला में दुर्घटना में फंसल ई रिक्शा के छोड़े खातिर घूस मांगे वाला दु गो पुलिसकर्मी के निलंबित कऽ देले। उनका के लापरवाही, उदासीनता अउरी कर्तव्य के प्रति अनुशासनहीनता के दोषी मानल गइल। पुलिस अधीक्षक विक्रांत वीर के एह कार्रवाई से विभागीय गलियारा में हलचल मच गइल बा।

इ बा पूरा मामला 

14 अक्टूबर के सबेरे 11 बजे एगो ई-रिक्शा बेकाबू होके शहर थाना क्षेत्र के नीचे रेलवे क्रासिंग के लगे शोरूम से टकरा गईल। इ जानकारी मिलते उक्त ई-रिक्शा के पुलिस चौकी सिविल लाइन्स में ले आके खड़ा कऽ दिहल गइल। बाद में शोरूम मालिक ई रिक्शा मालिक से समझौता कऽ लिहले। एकरा बावजूद ई-रिक्शा छोड़े के नांव पऽ उनका से घूस मांगल गइल आ बेवजह पुलिस चौकी सिविल लाइन में बंद कऽ दिहल गइल।

कांस्टेबल आशीष सैनी आ सिपाही सौरभ कुमार तिवारी के घोर लापरवाही, उदासीनता आ कर्तव्य के प्रति अनुशासनहीनता के आरोप में पुलिस अधीक्षक तत्काल प्रभाव से निलंबित कऽ दिहले बाड़न।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.