Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Special on the death anniversary of Sarla Thakral : जानीं भारत के पहिला महिला पायलट के रहली, महज 21 साल के उमिर में हवाई जहाज उड़ा के इतिहास रचले रहली

8 अगस्त के सबेरे गूगल के डूडल पे एगो महिला के तस्वीर देखाई देता। पायलट विंग में बईठल ए महिला के साड़ी के पल्लू तेजी से लहरावत देखावल गईल बा। साड़ी में इ महिला के ह जवन हवाई जहाज उड़ावत बाड़ी|

546

Special on the death anniversary of Sarla Thakral : जानीं भारत के पहिला महिला पायलट के रहली, महज 21 साल के उमिर में हवाई जहाज उड़ा के इतिहास रचले रहली

सरला ठकराल: फोटो

8 अगस्त के सबेरे गूगल के डूडल पे एगो महिला के तस्वीर देखाई देता। पायलट विंग में बईठल ए महिला के साड़ी के पल्लू तेजी से लहरावत देखावल गईल बा। साड़ी में इ महिला के ह जवन हवाई जहाज उड़ावत बाड़ी|

का रउवा जानत बानी कि ई मेहरारू के ह, अगर रउवा ना जानत बानी त हम बता देब। रउरा सभे से निहोरा बा कि ई तस्वीर पहिला भारतीय महिला पायलट सरला ठकराल के ह| खाली पायलट ना, सरला एगो बढ़िया चित्रकार भी रहली। साल 1914 के रहे, देश ब्रिटिश शासन के तहत रहे अउरी पूरा दुनिया युद्ध के त्रासदी के सामना करत रहे। एही समय सरला ठकराल के जनम 8 अगस्त के दिल्ली में भइल रहे।

सरला ठकराल देश के सभ महिला खातीर एगो बड़ मिसाल छोड़ गईल बाड़ी। महज 21 साल के उमर में पारंपरिक साड़ी पहिनले सरला ठकराल एगो छोट डबल विंग वाला विमान के कॉकपिट में कदम रख के अकेले आपन पहिला उड़ान भरली। अपना विमान के साथे आसमान के ऊंचाई के छूवे के साथे-साथे उ एगो नया इतिहास रचले रहले।

 

सरला ठकराल के रहली? 

सरला ठकराल पहिला भारतीय महिला पायलट के संगे अउरी उद्यमी भी रहली। उनुकर पति एयरमिल के पायलट रहले, जवना के चलते उनुका उड़ान भरला के प्रेरणा मिलल।

अपना पति से प्रेरित होके सरला ठकराल पायलट बने के ट्रेनिंग शुरू कईली। 1936 में जब सरला ठकराल पहिला बेर विमान उड़ावली त उनुकर उमिर 21 साल रहे। सरला तब चार साल के एगो बेटी के महतारी भी रहली|

सरला ठकराल के पति कैप्टन पीडी शर्मा के 1939 में विमान दुर्घटना में मौत हो गईल रहे। सरला ठकराल अपना पति के निधन के बाद 1947 में भारत-पाकिस्तान के बंटवारा के बाद भारत वापस आ गईली। एकरा बाद उनुकर दोसर बियाह आरपी ठकराल से हो गईल। इहाँ दिल्ली में रह के उ आपन पेंटिंग के काम जारी रखली अवुरी बाद में गहना अउरी ड्रेस डिजाइनिंग के आपन कैरियर बनवली। साल 1948 में दूसरा बेर आरपी ठकराल से बियाह भईल। 15 मार्च 2008 के उनकर निधन हो गइल।

480940cookie-checkSpecial on the death anniversary of Sarla Thakral : जानीं भारत के पहिला महिला पायलट के रहली, महज 21 साल के उमिर में हवाई जहाज उड़ा के इतिहास रचले रहली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.