दिल्ली के कई इलाकन में आज पेयजल आपूर्ति रही प्रभावित, देखी- पूरा लिस्ट

Minee Upadhyay
दिल्ली के कई इलाकन में आज पेयजल आपूर्ति रही प्रभावित
- Sponsored Ads-

दक्षिण दिल्ली में रहे वाला लोग के बियफ़ें के पानी के समस्या के सामना करे के पड़ी।  दिल्ली जल बोर्ड के मुताबिक 12 दिसंबर के सबेरे दक्षिण दिल्ली के कुछ हिस्सा में रखरखाव के काम के चलते पानी के आपूर्ति ना होई। एकरा चलते लोग के पानी के समस्या के सामना करे के पड़ सकता। दिल्ली जल बोर्ड लोग के सुझाव देले बा कि पानी के भंडार कs के बेवजह बर्बाद मत करस।  उम्मीद बा कि आजु साँझ ले पानी के आपूर्ति सुचारू रूप से शुरू हो जाई.

इहां पs पानी कe आपूर्ति प्रभावित रही
दिल्ली जल बोर्ड, तुगलकाबाद गांव, तुगलकाबाद एक्सटेंशन, उत्तरी कैंप बस्ती, एमबी रोड पs वायु सेना स्टेशन, संगम विहार, तिगड़ी गांव, तिगड़ी डीडीए फ्लैट, खानपुर गांव, खानपुर एक्सटेंशन, जेजे कॉलोनी, दुग्गल कॉलोनी, जवाहर पार्क, राजू पार्क, शिव पार्क, बिहारी पार्क, कृष्णा पार्क, देवली गांव गाँव आ आसपास के इलाका में पेयजल के आपूर्ति प्रभावित होखी. 

- Sponsored Ads-

एह नंबरन पs रउरा फोन कs सकीलें

दिल्ली जल बोर्ड ट्वीट कs के कहलस कि जवना इलाका में पानी के कमी बा, उहाँ रहेवाला लोग डीजेबी हेल्पलाइन चाहे केंद्रीय नियंत्रण कक्ष में फोन कs के पानी के टैंकर मंगा सकतारे।  संगम विहार, देवली आ ग्रेटर कैलाश के लोग 9315043474/9650291035/9650291129/8285626926 पs फोन कs पानी मंगा सकेला।  एही बीच ओखला फेज-II अवुरी तुगलकाबाद के लोग 8595074656/9315043474 पs फोन कs सकतारे।  छतरपुर आ अम्बेडकर नगर के लोग 9650255211/9650094317 पs फोन कs सकतारे।

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।