दिल्ली के कई इलाकन में आज पेयजल आपूर्ति रही प्रभावित, देखी- पूरा लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 12, 2024

दक्षिण दिल्ली में रहे वाला लोग के बियफ़ें के पानी के समस्या के सामना करे के पड़ी।  दिल्ली जल बोर्ड के मुताबिक 12 दिसंबर के सबेरे दक्षिण दिल्ली के कुछ हिस्सा में रखरखाव के काम

Share

दिल्ली के कई इलाकन में आज पेयजल आपूर्ति रही प्रभावित

दक्षिण दिल्ली में रहे वाला लोग के बियफ़ें के पानी के समस्या के सामना करे के पड़ी।  दिल्ली जल बोर्ड के मुताबिक 12 दिसंबर के सबेरे दक्षिण दिल्ली के कुछ हिस्सा में रखरखाव के काम के चलते पानी के आपूर्ति ना होई। एकरा चलते लोग के पानी के समस्या के सामना करे के पड़ सकता। दिल्ली जल बोर्ड लोग के सुझाव देले बा कि पानी के भंडार कs के बेवजह बर्बाद मत करस।  उम्मीद बा कि आजु साँझ ले पानी के आपूर्ति सुचारू रूप से शुरू हो जाई.

इहां पs पानी कe आपूर्ति प्रभावित रही
दिल्ली जल बोर्ड, तुगलकाबाद गांव, तुगलकाबाद एक्सटेंशन, उत्तरी कैंप बस्ती, एमबी रोड पs वायु सेना स्टेशन, संगम विहार, तिगड़ी गांव, तिगड़ी डीडीए फ्लैट, खानपुर गांव, खानपुर एक्सटेंशन, जेजे कॉलोनी, दुग्गल कॉलोनी, जवाहर पार्क, राजू पार्क, शिव पार्क, बिहारी पार्क, कृष्णा पार्क, देवली गांव गाँव आ आसपास के इलाका में पेयजल के आपूर्ति प्रभावित होखी. 

एह नंबरन पs रउरा फोन कs सकीलें

दिल्ली जल बोर्ड ट्वीट कs के कहलस कि जवना इलाका में पानी के कमी बा, उहाँ रहेवाला लोग डीजेबी हेल्पलाइन चाहे केंद्रीय नियंत्रण कक्ष में फोन कs के पानी के टैंकर मंगा सकतारे।  संगम विहार, देवली आ ग्रेटर कैलाश के लोग 9315043474/9650291035/9650291129/8285626926 पs फोन कs पानी मंगा सकेला।  एही बीच ओखला फेज-II अवुरी तुगलकाबाद के लोग 8595074656/9315043474 पs फोन कs सकतारे।  छतरपुर आ अम्बेडकर नगर के लोग 9650255211/9650094317 पs फोन कs सकतारे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.