[the_ad_group id="30365"]

Sonam Wangchuk Health Update : सोनम वांगचुक के अनशन के 24वां दिन, जानीं अब कइसन बा तबीयत

Sonam Wangchuk Case: Wife Moves Delhi High Court Over Hospital Admission
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। सामाजिक कार्यकर्ता सोनम वांगचुक के अनिश्चितकालीन भूख हड़ताल अब 24वां दिन में पहुंच गइल बा। लगातार अनशन के चलते ऊ अभियो अस्पताल में भरती बाड़ें, जहां डॉक्टरन के निगरानी में इलाज चल रहल बा। मंगर के जारी ताजा हेल्थ बुलेटिन में बतावल गइल बा कि फिलहाल सोनम वांगचुक के हालत इस्थिर बा, बाकिर डॉक्टर लगातार उनका स्वास्थ्य पs नजर बनवले बा लोग।

अस्पताल से जारी मेडिकल बुलेटिन के मोताबिक, सोनम वांगचुक के इलाज वर्धमान महावीर मेडिकल कॉलेज (VMMC) आ सफदरजंग अस्पताल में हो रहल बा। एह इलाज में सफदरजंग अस्पताल, वीएमएमसी आ एम्स, नई दिल्ली के विशेषज्ञ डॉक्टरन के संयुक्त टीम सामिल बाड़ी सs, जे लगातार उनका सेहत के निगरानी करत बा।

डॉक्टरन के अनुसार, सोनम वांगचुक के ब्लड प्रेशर, नाड़ी आ बाकी जरूरी शारीरिक मानक फिलहाल इस्थिर बा। हालांकि, उनकर ब्लड शुगर स्तर अभियो सामान्य से नीचे बा। एकरा अलावे, अतवार रात के जांच में उनकर सीरम पोटैशियम स्तर 3.2 मिलीमोल प्रति लीटर मिलल, जबकि सामान्य स्तर 3.5 से 5.0 मिलीमोल प्रति लीटर मानल जाला। कम पोटैशियम देह खातिर चिंता के विषय हो सकेला।

मेडिकल बुलेटिन में इहो बतावल गइल बा कि सोनम वांगचुक अभियो पैनसाइटोपीनिया नाम के समस्या से जूझ रहल बाड़ें। एह बेमारी में देह में खून के कमी (एनीमिया) हो जाला आ संगही श्वेत रक्त कोशिका (व्हाइट ब्लड सेल्स) के संख्या घट जाला। डॉक्टरन के कहनाम बा कि एह इस्थिति में लगातार मेडिकल जांच आ लैब रिपोर्ट पs नजर रखल बहुते जरूरी बा।

अस्पताल प्रशासन के मोताबिक, फिलहाल सोनम वांगचुक के ओरल रिहाइड्रेशन सॉल्यूशन (ORS) आ पोटैशियम सप्लीमेंट दिहल जा रहल बा। हालांकि, डॉक्टर कइयन बेर सलाह दे चुकल बा लोग, बाकिर सोनम अभियो आईवी फ्लूइड आ ग्लूकोज लेवे से इनकार करत बाड़ें।

डॉक्टरन के कहनाम बा कि 24 दिन से जारी भूख हड़ताल के चलते देह पs असर साफ दिखाई दे रहल बा। हल्का से मध्यम स्तर के डिहाइड्रेशन आ लगातार सामने आवत लैब रिपोर्ट के असामान्यता के कारण उनकर स्वास्थ्य पs हर समय नजर रखल जा रहल बा।

अस्पताल प्रशासन साफ कइले बा कि सोनम वांगचुक के सब जरूरी चिकित्सा सुविधा उपलब्ध करावल जा रहल बा। आगे के इलाज उनकर स्वास्थ्य में होखे वाला बदलाव आ लगातार आवे वाला मेडिकल रिपोर्ट के आधार पs तय कइल जाई। फिलहाल डॉक्टरन के पूरा कोसिस बा कि उनकर स्वास्थ्य इस्थिर बनल रहे आ कवनो गंभीर इस्थिति पैदा ना होखे।

Read Also: NDA Meeting : पेपर लीक करे वालन के मिली कड़ी सजा, NDA के बैठक में पीएम मोदी के साफ संदेश

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]