[the_ad_group id="30365"]

NDA Meeting : पेपर लीक करे वालन के मिली कड़ी सजा, NDA के बैठक में पीएम मोदी के साफ संदेश

PM Modi NDA Meeting on Paper Leak 2026
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। संसद भवन के लाइब्रेरी बिल्डिंग में इस्थित जीएमसी बालयोगी ऑडिटोरियम में मंगर के राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (NDA) के संसदीय दल के मंगल मिलन बैठक आयोजित भइल। एह खास बैठक के मकसद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के देस के सबसे लमहर समय तक सेवा देवे वाला निर्वाचित प्रधानमंत्री बनला पs सम्मानित करे आ राज्यसभा के नया निर्वाचित सांसदन के स्वागत करे खातिर रहे।

बैठक के संबोधित करत पीएम मोदी पेपर लीक के मुद्दा पs कड़ा रुख अपनवलें। ऊ कहलें कि सरकार परीक्षा में गड़बड़ी आ पेपर लीक जइसन घटनन के तनिको बर्दाश्त ना करी। सरकार हाल के पेपर लीक मामिलन पs तेजी से कार्रवाई कइले बियाा आ दोषियन के कानून के मोताबिक सख्त से सख्त सजा दिलावल जाई।

प्रधानमंत्री देस के नौजवानन के भरोसा देलें कि सरकार ओह लोगन के भविष्य के सुरक्षा खातिर पूरा तरे प्रतिबद्ध बिया। ऊ कहलें कि अब परीक्षा प्रणाली के आउर मजबूत, सुरक्षित आ पारदर्शी बनावे खातिर नया बेवस्था लागू कइल जा रहल बा, ताकि आगे से अइसन घटना दोहरावल ना जा सके।

पीएम मोदी सब राजनीतिक दलन से अपील करत कहलें कि नवहन के भविष्य से जुड़ल एह संवेदनशील मुद्दा पs राजनीति कइला के बजाय मिलजुल के समाधान खोजल जरूरी बा। उनका अनुसार देस के भविष्य खातिर निष्पक्ष परीक्षा बेवस्था सबसे जरूरी बा।

बैठक में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संगे केंद्रीय मंत्री जितेंद्र सिंह, किरेन रिजिजू आ अर्जुन राम मेघवाल मवजूद रहे लोग। एकरा से पहिले केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण, केंद्रीय मंत्री धर्मेंद्र प्रधान, जी किशन रेड्डी आ भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नवीन बैठक में सामिल भइल लो।

एह अवसर पs NDA के सहजोगी दल प्रधानमंत्री मोदी के देस के सबसे लमहर समय तक सेवा देवे वाला निर्वाचित प्रधानमंत्री बनला पs बधाई प्रस्ताव पारित कइलस। प्रस्ताव पास होखला के बाद प्रधानमंत्री अपना संबोधन में गठबंधन के एकजुटता आ विकास के एजेंडा पs जोर देलें।

बैठक से पहिले भाजपा सांसद अशोक मित्तल कहलें कि NDA संसदीय दल के बैठक में सामिल होखल उनका खातिर गरब के बात बा। ऊ कहलें कि प्रधानमंत्री आ पार्टी नेतृत्व से देस के विकास आ सांसद के जिम्मेदारी के बारे में मार्गदर्शन मिली।

ओहिजा, नवगठित नेशनलिस्ट सिटिजन्स पार्टी ऑफ इंडिया (NCPI) एह संयुक्त बैठक से दूर रहल। एह पार्टी में तृणमूल कांग्रेस के 20 बागी सांसद सामिल बाड़ें, बाकिर लोकसभा अध्यक्ष से अभी तक आधिकारिक मान्यता ना मिलला के चलते ई समूह बैठक में सामिल ना भइल।

एनसीपीआई के नेता सुदीप बंद्योपाध्याय कहलें कि उनका पार्टी के संसद में सीट आवंटन आ अलग संसदीय ब्लॉक के मंजूरी मिल गइल बा। ऊ साफ कहलें कि एनडीए सरकार के समर्थन जारी रहे, जबकि पश्चिम बंगाल से जुड़ल स्थानीय मुद्दा राज्य सरकार के सामने उठावल जाई, ना कि संसद में अनावश्यक राजनीतिक विवाद बनावल जाई।

Read Also: BCCI बदले जा रहल बा कइयन गो नियम, घरेलू क्रिकेट में दिखी असर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]