Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीवान: देर रात AK-47 के गोलियन से गुंजल सीवान, निर्दलीय MLC प्रत्यासी रईस खान के काफिला पs हमला, एक के मौत, चार घायल

253

सीवान: MLC चुनाव के मतदान बितला के ठीक 6 से 7 घंटा बाद बिहार के सीवान में देर रात निर्दलीय उम्मीदवार रईस खान के काफिला पs बदमास AK-47 से ताबड़तोड़ हमला कइले सs। एह हमला में रईस खान बाल-बाक बच गइले। रात के लमसम  11 बजे के घटना हs। ओह समे रईस खान के काफिला सहर के पुरानी किला में बनल कार्यालय से वापस उनका गांवे ग्यासपुर जात रहे। एही बीचे AK-47 से उनका काफिला पs हमला हो गइल।

रईस खान पs हमला करे आला बदमास 4 से 5 के संख्या में रहले। हुसैनगंज के महुअल गांव में एह वारदात के अंजाम दिहल गइल। जब बदमास रईस खान पs हमला कइले तब उनका गाड़ी के पाछे एगो बोलेरो गाड़ी रहे जवना में कुछ बाराती सवार रहे लो। बदमासन के लागल कि ई बोलेरो गाड़ी रईस खान के काफिले के हs। ओहु बोलेरो पs अंधाधुंध फायरिंग कइल गइल।

बोलेरो में 30 बरिस के विनोद यादव नाव के शख्स के कई गो गोली लागल आ घटना के जगे पs उनकर मौत हो गइल। घटना में दु गो आउर बाराती घायल बा लो। रईस खान के दु समर्थक तैयब अली उर्फ बबलू खान आ फूलन घवाहिल बा लो। सभे के इलाज चल रहल बा बाकिर बबलू के इस्तिथी नाजुक बा।

जेडीयू के पूर्व विधायक श्याम बहादुर सिंह बोलले

सीवान के बड़हड़िया से जेडीयू के विधायक रह चुकल श्याम बहादुर सिंह घटना के बाद हाल चाल लेवे पहुंचले। ऊ कहले, हमनी के भाई कवनो तरे बांच गइले। एहसे अब एकर हिसाब जरूर लियाई। रउआ सभे के मालूम होखे कि एह घटना के बाद सीवान में दहशत के माहौल कायम हो गइल बा। लोग के डर बा कि ई चुनावी रंजिश गैंगवार में ना बदल जाव।

रईस खान कइले घटना के खुलासा

चार-पांच गो AK-47 से हमला कइल गइल।150 राउंड फायर भइल। कवनो तरे बाल-बाल बांचल बानी बाकिर भाई के गोली लागल बा आ गांव के एगो निर्दोस लईका के मौत हो गइल बा। डीएम से कहला के बादो हमरा के चुनाव में गार्ड ना दिहल गइल। घटना के जगे पs AK-47 के खोखा भारी मात्रा में गिरल बा। हमरा जान के अभियो खतरा बा। – रईस खान, एमएलसी उम्मीदवार

रात में घटना के पाता लागते भारी संख्या में समर्थक अपना नेता के हाल-चाल पूछे पहुंचल लो। सीवान के पुलिस अधीक्षक शैलेश कुमार सिन्हा नर्सिंग होम पहुंचले आ घायलन से मिलके घटना के जानकारी लेले। एसपी कहले कि घटना के जांच सुरू हो गइल बा।

के हs रईस खान? 

रईस खान

सीवान में बाहुबली शाहबुद्दीन के मौत के बाद से खान ब्रदर्स सबसे चर्चित अपराधी हs लो। कुछे महीना पहिले 3 जुवकन के अपहरण के केस में इनकर नाव आइल रहे। खान ब्रदर्स में से एगो अयूब खान के एसटीएफ बिहार-बंगाल के सीमा पs पूर्णिया से गिरफ्तार कइले रहे। अयूब के बाबूजी रघुनाथपुर से चुनाव लड़ चुकल बाड़े। 2005 में प्रत्यासी रहला के बेरा उनकर किडनैपिंग के आरोप शहाबुद्दीन गैंंग पs लागल रहे।

236800cookie-checkसीवान: देर रात AK-47 के गोलियन से गुंजल सीवान, निर्दलीय MLC प्रत्यासी रईस खान के काफिला पs हमला, एक के मौत, चार घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.