[the_ad_group id="30365"]

Siwan Crime News : सिवान में पूर्व एमएलसी के भांजा के हत्या में सामिल बदमाश के हाफ एनकाउंटर, घुटना में लागल गोली

Sitamarhi Crime: Youth Shot by Apache Bike Attackers in Bajitpur
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिवान। सिवान पुलिस बुध के देर रात एगो बदमाश के हाफ एनकाउंटर कइलस। बदमाश के दुनो गोड़ के घुटना में गोली लागल बा। पुलिस ओकरा के इलाज खातिर सदर अस्पताल ले आइल, जहां प्राथमिक इलाज के बाद पटना रेफर कs दिहल गइल। घायल बदमाश के पहचान हुसैनगंज थाना क्षेत्र के हथोड़ा गांव के छोटू यादव के रूप में भइल बा।

पुलिस के मोताबिक छोटू यादव नगर थाना क्षेत्र के आंदर ढाला ओवरब्रिज पs बुध के सांझ भइल पूर्व एमएलसी आ को-ऑपरेटिव बैंक के अध्यक्ष मनोज सिंह के भांजा के हत्या में सामिल रहे।

ममिला पs एसपी पूरन कुमार झा बतवलें कि आंदर ढाला ओवरब्रिज के लगे हुसैनगंज के पकवलिया गांव निवासी चंदन सिंह आ उनकर बेटा पs फायरिंग भइल रहे। एह घटना में चंदन सिंह के बेटा हर्ष के मौत हो गइल आ चंदन सिंह गंभीर रूप से घायल हो गइलें।

घटना में सामिल अपराधियन के पकड़े खातिर पुलिस टीम बनाके जांच सुरू कइल गइल। सीसीटीवी फुटेज के आधार पs चार गो बदमाशन के पहचान भइल। घटना में इस्तेमाल कार (वेन्यू) के पहचान कs के छापेमारी कइल गइल, जवना में छोटू यादव के पहचान भइल आ ओकरा के गिरफ्तार कs लिहल गइल।

पूछताछ के दौरान छोटू हथियार के बारे में जानकारी देलस। बरामदगी खातिर पुलिस जब ओकरा के ले जात रहे, तs ऊ मवका पाके हमला करे के कोसिस कइलस। जवाब में पुलिस कार्रवाई में ओकर दुनो गोड़ में गोली लाग गइल। ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल, जहां से डॉक्टर पटना रेफर कs देलें।

चार लोग रहे घटना में सामिल

एसपी के अनुसार घटना के समय कार में चार आदमी सवार रहे। एगो के गिरफ्तारी हो गइल बा, बाकी तीन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी जारी बा।

छोटू यादव के आपराधिक इतिहास

मुठभेड़ में घायल छोटू यादव के आपराधिक इतिहास रहल बा। एसपी के अनुसार ऊ पहिले प्रखंड विकास पदाधिकारी के गाड़ी में आगजनी आ शराब ममिला में नामजद रह चुकल बा। आउर थानन से ओकर आपराधिक रिकॉर्ड जुटावल जा रहल बा।

Read Also: Share Market : शेयर बाजार में गिरावट, सेंसेक्स 900 अंक टूटल, निफ्टी 24000 से नीचे आइल, रुपिया 95 पार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]