Siwan News : सिवान डीएम के कड़ा आदेस, सरकारी फोन ना उठवला पs होई कार्रवाई, ना चली कवनो बहाना

Share

सिवान। सरकारी कामकाज में सूचना के जल्दी आदान-प्रदान सुनिश्चित करे खातिर सिवान के जिलाधिकारी विवेक रंजन मैत्रेय जिला स्तर के अधिकारियन खातिर कड़ा निरदेस जारी कइले बाड़ें।

डीएम साफ कहले बाड़ें कि जिला गोपनीय शाखा आ जिला नियंत्रण कक्ष से आवे वाला सरकारी फोन कॉल के प्राथमिकता के आधार पs रिसीव करे के अनिवार्य होई। आदेस के अनदेखी करे वाला अधिकारी के खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई कइल जाई।

सरकारी फोन ना उठवला पs होई कार्रवाई

जिलाधिकारी बतवलें कि कानून-बेवस्था, आपात इस्थिति आ जरूरी प्रशासनिक ममिला में अधिकारियन के तुरंत सूचना देवे खातिर जिला गोपनीय शाखा आ नियंत्रण कक्ष से फोन कइल जाला। बाकिर कइयन बेर देखल गइल बा कि संबंधित अधिकारी फोन ना उठावेला आ बाद में कॉल बैक तक ना करेला। एह कारण जरूरी जानकारी समय पs ना पहुंच पावेला आ प्रशासनिक काम प्रभावित होला।

अधिकारियन के तुरंत कॉल रिसीव करे के निरदेस

जारी आदेस में कहल गइल बा कि सब जिला स्तरीय पदाधिकारी सरकारी नंबर से आवे वाला कॉल के तुरंत रिसीव करे। जदि कवनो जरूरी कारण से फोन ना उठ सकी तs तुरंत कॉल बैक कs के जरूरी जानकारी लेवे के होई आ ओकरा अनुसार कार्रवाइयो सुनिश्चित करे के पड़ी। डीएम कहलें कि प्रशासनिक बेवस्था के प्रभावी आ जवाबदेह बनावे खातिर सूचना के तेजी से पहुंचावल बहुत जरूरी बा।

बहाना बनावे वाला अधिकारियन पs हो कार्रवाई

डीएम चेतावनी देत कहलें कि आगे जदि कवनो अधिकारी फोन ना उठावे, कॉल बैक ना करे भा गलत बहाना बनावे के दोहराव करे तs ओकरा खिलाफ विभागीय आ अनुशासनात्मक कार्रवाई कइल जाई। एह कार्रवाई के जानकारी संबंधित विभाग के भेजल जाई।

डीएम कहलें कि प्रशासन में कवनो स्तर पs लापरवाही बर्दाश्त ना कइल जाई, काहे कि समय पs सूचना ना मिलला से शासन-प्रशासन के कामकाज पs असर पड़ सकेला।

Read Also: EPF Interest Rate : सरकार FY 2025-26 खातिर EPF पs 8.25% ब्याज दर के देलस मंजूरी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-